Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

पश्चिम बंगाल के नॉर्थ 24 परगना में स्कूल पर बम से हमला, धमाका में उड़ गइल बिल्डिंग के छत, मौका पs पहुंचल पुलिस

444
Google Ads 300*250 for posts
पश्चिम बंगाल के  नॉर्थ 24 परगना से बड़ खबर आ रहल बा। नार्थ 24 परगना के टीटागढ़ फ्री हाई स्कूल के छत पर बम फटले के खबर बा मीडिया रिपोर्ट के अनुसार एह धमाका में बिल्डिंग के छत गिर गइल बा।  धमाका आजु दोपहर करीब 12:15 बजे भइल।
बतावल जा रहल बा कि ओ समय बगल वाली बिल्डिंग में कक्षा चलत रहे। बम फटला के बाद छात्र-छात्रा लोग में दहशत के माहौल बा। स्कूल बैरकपुर औद्योगिक क्षेत्र के पास बा। पुलिस मौका पर पहुंच गइल बा अउरी जांच कs रहल बा कि बम केहू बहरा से फेंकल ह आ कि छत पर रखल रहे। ऊ बम के टुकड़ा बरामद कs लेहले बानें।
333180cookie-checkपश्चिम बंगाल के नॉर्थ 24 परगना में स्कूल पर बम से हमला, धमाका में उड़ गइल बिल्डिंग के छत, मौका पs पहुंचल पुलिस

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.