Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

CUET UG : दस विद्यार्थी लोग पांच विषय में मारल बाजी, सामान्य ज्ञान के पेपर में प्रदर्शन सबसे खराब

1,107

स्नातक दाखिला के पहिला सीयूईटी यूजी- 2022 में कुल 21, 159 छात्रन के 100 पर्सेंटाइल मिलल बा। एहमें से दस विद्यार्थी लोग के विषय में 100 पर्सेंटाइल मिलल बा, जबकि 114 छात्रन के चार विषय में 100-100 पर्सेंटाइल मिलल बा। खास बात ई बा कि बेशक 22 हजार छात्र लोग 100 पर्सेंटाइल पावे में कामयाबी हासिल कइलें लेकिन जनरल एप्टीट्यूड टेस्ट यानी सामान्य ज्ञान के पेपर में उनकर प्रदर्शन बहुत खराब बा।

सामान्य ज्ञान टेस्ट में खाली 56 छात्र के ही 100 पर्सेंटाइल मिलल बा। एहमें से 23 लइकी त 33 लइका बानेंइस पेपर में उन के सामान्य ज्ञान, सामान्य गणित के गणना आदि के प्रश्नों के हल कइले रहनें, जेहमें ऊ नाकाम रहलें। एनटीए महानिदेशक विनीत जोशी कहने कि सीयूईटी यूजी में छात्रन के ओवरऑल प्रदर्शन बहुत निम्मन बा।

खासकर अंग्रेजी में 8221 , राजनीति विज्ञान में 2057, संस्कृत में 1166, मनोविज्ञान में 1186, अर्थशास्त्र में 1187,  बिजनेस स्ट्डीज में 1660, बॉयोलोजी में 1328 छात्रों को 100 पर्सेंटाइल मिलल बा। सीयूईटी यूजी में बेसी से बेसी पांच विषय के परीक्षा में छात्र चुन सकतने। टीचिंग एप्टीट्यूट टेस्ट में भी छात्रन के प्रदर्शन बेहद खराब बा। खाली 37 छात्रन के 100 पर्सेंटाइल मिलल बा।

एह 10 छात्रन के 5-5 विषय में 100 पर्सेंटाइल मिलल

फरीदाबाद के खुशी, नोएडा के स्नेहा अउरी शहाना, बस्ती के प्रीतम सिंह, दिल्ली के अपेक्षा अउरी प्रियांशी, जम्मू-कश्मीर के वृंदा परी, राजस्थान के अंश गुप्ता, राजस्थान के तन्मय सिंह,असम के मेघा के पांच-पांच विषय में 100 पर्सेंटाइल मिलल बा। एहमें इंग्लिश, हिंदी, अकाउंटेंसी, फ्रेंच, हिस्ट्री,इकोनोमिक्स, जियोग्राफी,लीगल स्ट्डीज, बिजनेस स्ट्डीज, होमसाइंस, मैथ्मेटिक्स,पॉलिटिक्कल साइंस,मनोविज्ञान आदि विषय रहलें।

इंग्लिश, जीवविज्ञान, मनोविज्ञान आ योग में बेटी लोग अव्वल
सीयूईटी यूजी में लइकन के मुकाबले लइकी लोग के प्रदर्शन सबसे निम्मन रहल। लड़की लोग 100 पर्सेंटाइल पावे में ही बाजी नाइ मरलें। बलुक इंग्लिश, हिंदी, जीवविज्ञान, फाइन-विजुअल आर्ट, जियोग्राफी,हिस्ट्री, होम साइंस, मास मीडिया, लीगल स्ट्डीज,  फिजिकल एजुकेशन-एनसीसी-योग, पॉलिटिक्कल साइंस, मनोविज्ञान विषय में बेटी लोग लइकन से बेसी 100 पर्सेंटाइल पावे में सफलता हासिल कइल जाई।

इंग्लिश सबसे बेसी छात्रन के मनपसंद

हिंदी अंग्रेजी सहित 13 भारतीय भाषा के प्रचार-प्रचार खातिर सीयूईटी यूजी में छात्र के एह भाषा के विकल्प दिहल गइल रहे। लेकिन परीक्षा के माध्यम इंग्लिश ही छात्रन के भावsता। परीक्षा में 8.8 लाख उम्मीदवार अंग्रेजी भाषा चुनले रहनें। जबकि हिंदी में ई आंकड़ा 2.85 लाख रहल।

333130cookie-checkCUET UG : दस विद्यार्थी लोग पांच विषय में मारल बाजी, सामान्य ज्ञान के पेपर में प्रदर्शन सबसे खराब

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.