[the_ad_group id="30365"]

फुटबॉल जइसन क्रिकेट में भी मैच के दौरान बदल जइहें खिलाड़ी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

क्रिकेट के खेल के रोमांच बढ़ावे खातिर सब देश के क्रिकेट बोर्ड अउरी आईसीसी लगातार कोशिश करत रहsला। एही पहल के तहत बीसीसीआई नया नियम लावे के तैयारी कर रहल बा। एह नियम के अनुसार हर मैच में दूनों टीम के कप्तान 11 के बजाय 15 खिलाड़ियन के नाम मैच खातिर दीहें। एह नियम के नाम इम्पैक्ट प्लेयर होई। शुरुआत में ई नियम भारत के घरेलू मैच में लागू होई। एकरे बाद एकर असर अउरी एकरे अइले से खेल में भइल बदलाव के समीक्षा कइल जाई। सब कुछ ठीक होखला पर एके आईपीएल में भी लावल जाई अउरी भविष्य में आईसीसी अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट में भी एके मंजूरी दे सकतीया।

सैयद मुश्ताक अली ट्रॉफी के शुरुआत 11 अक्तूबर से हो रहल बा अउरी एही टूर्नामेंट में पहिला बेर ई नियम लागू कइल जा सकsता। ऑस्ट्रेलिया के टी20 लीग बीग बैश में पहिलही अइसन नियम बा। एके एक्स फैक्टर नाम दिहल गइल बा। एह नियम के अनुसार 13 खिलाड़ी हर टीम में होलें अउर जरूरत के हिसाब से कोच अउरी कप्तान कौनो एक खिलाड़ी के पहिला पारी के 10वें ओवर से पहिले बदल सकेने। हालांकि, ओही खिलाड़ी के जगह नया खिलाड़ी आ सकsता, जौन बल्लेबाजी नाइ कइले होखे अउर एक ओवर से ज्यादा गेंदबाजी नाइ कइले होखे।

बीसीसीआई कइलस सर्कुलर जारी

बीसीसीआई सब राज्य के क्रिकेट बोर्ड के एगो सर्कुलर जारी कइले बा, जेमें एह नियम से जुड़ल जानकारी दीहल गइल बा। एहमें कहल गइल बा कि टी20 क्रिकेट के बढ़त लोकप्रियता के देखत कुछ नया लवले के तैयारी कइल जा रहल बा। एसे ई फॉर्मेट अउर रोमांचक होई।

का हवें ‘इम्पैक्ट प्लेयर’ नियम?

इस नियम के अइले पर दुनों टीम के कप्तान टॉस के समय आपन 11 खिलाड़ियन के टीम बतइहें अउर चार सब्सटीट्यूट खिलाड़ियन के नाम भी दीहें। एह चार खिलाड़ियन में से कौनो एगो खिलाड़ी के मैच के दौरान इम्पैक्ट प्लेयर के रूप में कौनो खिलाड़ी के जगह टीम में शामिल कइल जा सकी। अइसन में जौने खिलाड़ी के सब्सटीट्यूट कइल जाई, ऊ मैच से बाहर रही, जबकि बाकी के मैच इम्पैक्ट प्लेयर खेली। मैच के दौरान फील्डिंग भी उहे खिलाड़ी करी। कप्तान चाहे टीम मैनेजमेंट के इम्पैक्ट प्लेयर के इस्तेमाल करे से पहिले अंपायर के सूचना देवे के होई।

अगर टीम इम्पैक्ट प्लेयर के रूप में कौनो गेंदबाज के शामिल करतिया त ओके पूरा चार ओवर करे के छूट रही। एह बात से फर्क नाइ पड़ी कि उ केतना ओवर कइले रहनें। दूनों टीम पारी के 14वें ओवर से पहिले इम्पैक्ट प्लेयर के इस्तेमाल कर सकिहें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]