Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

साँझ के 10 बड़ खबर

493
  1. बिहार: जिंदगी झंड बा… नीतीश बाबू कवन बात के घमंड बा’; कुढ़नी में रवि किशन बोललें- बिहार में लवट आइल जंगलराज। मोदी जी के सनेस बा केदार बाबू के जिताई।
  2. बिहार: पटना में बॉयफ्रेंड दोस्त से करवलस गर्लफ्रेंड के रेप; दोस्त के भेजलस प्रेमिका के अश्लील वीडियो, ओकरा के वायरल करे के धमकी देके ऊ लूटलस इज्जत। शादी के दबाव बनवला पर रचलस बरबाद करे के साजिश।
  3. उत्तर प्रदेश: मैनपुरी उपचुनाव; पहिला बेर अइसन राजनीतिक घमासन, घरे-घरे वोट मांगत नजर आइल अखिलेश, भाजपो देखवलस दम। खुद मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ कइलें दु-दु गो सभा।
  4. उत्तर प्रदेश: कासगंज पुलिस मुठभेड़ में पकड़लस 15 हजार के इनामी बदमाश, गोड़ में लागल गोली। थाना आ एसओजी के टीम कइले रहे इनामी बदमाश के घेराबंदी।
  5. झारखंड: पूर्व अंतर्राष्ट्रीय हॉकी खिलाड़ी झारखंड के जस्टिन केरकट्टा के हार्ट अटैक से निधन, खेल जगत में शोक के लहर। सिमडेगा जिला के रनिहार रहलें।
  6. थाइलैंड के स्टूडेंट के छेड़े वाला प्रोफेसर गिरफ्तार: छात्रा के किताब देवे के बहाने घरे ले गइल; यूनिवर्सिटी सस्पेंड कइलस। प्रोफेसर के खिलाफ छात्रन के प्रदर्शन। खाली थाई भाषा जानेली पीड़िता।
  7. जजन के नियुक्ति पर धनखड़ बोलले: कहलें -NJAC एक्ट सुप्रीम कोर्ट रद्द कइलस, संसद में एह पर चरचा ना भइल, ई गंभीर ममिला। एल एम सिंघवी समृति व्याख्यान में बोलत रहस, एह प्रोग्राम में CJI डी वाई चंद्रचूड़ मवजूद रहलें।
  8. नवसेना में पहिला बेर 341 महिला सामिल भइल लोग: नेवी चीफ बोललें – जल्दिये हर शाखा में होइहें महिला, अग्निवीर योजना के तहत भइल भरती।
  9. करजा के जाल में फंसल पाक: एक बरिस में चुकावे के होई 21 लाख करोड़ रुपिया, वित्त मंत्री बोललें – IMF के सोझा ना गिड़गिड़ायेम। पाकिस्तान के 12 महीना में चुकावे के होई बिदेसी करजा, जनवरी ले देवे के होई 72 हजार करोड़ रुपिया।
  10. IPL में फुटबॉल जइसन प्लेयर सबस्टीट्यूशन: 12 वां खिलाड़ी उतार सकी टीम, 14वां ओवर तक बदलाव के इजाजत। अब एक आईपीएल टीम में खेली लोग 12 खिलाड़ी। घरेलू लीग सैयद मुस्ताक अली टूर्नामेंट में रहे इंपैक्ट प्लेयर रुल।
400250cookie-checkसाँझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.