[the_ad_group id="30365"]

परमाणु युद्ध के कगार पर पहुंचल रूस-यूक्रेन लड़ाई, चंद घंटा में लाखों लोग के मौत के खतरा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पिछले 10 माह से जारी रूस-यूक्रेन जंग में अब परमाणु हथियारन के इस्तेमाल के खतरा बढ़ गइल बा। यूक्रेन के सेना के दावा बा कि रूस अब परमाणु मिसाइल के इस्तेमाल के तैयारी में बा। जानकारन के कहनाम बा कि अगर परमाणु हमला भइल त चंद घंटा में लाखों लोग मारल जइहें।

यूक्रेन के रक्षा विशेषज्ञन के कहनाम बा कि जंग के मैदान में एहसे पहिले सोवियत मिसाइल मिलल बा, जिनकर इस्तेमाल परमाणु हमला खातिर कइल जाsता। एकर विशेषज्ञ लोग एह मिसाइल के टुकड़ो मीडिया के दिखवलें।

यूक्रेन के दावा से यूरोप के नींद उड़ल

यूक्रेन के दावा के अभिन रूस पुष्टि नइखे कइले, लेकिन यूरोपीय देश के नींद उड़ गइल बा। बीबीसी के रिपोर्ट के अनुसार यूक्रेन बियफे के दावा कइलें कि रूस यूक्रेन पर परमाणु हथियार में सक्षम मिसाइल से हमला शुरू कs दिहले बा। ई हमला यूक्रेन के पश्चिमी हिस्सा में कइल गइल।

एक्स 55 क्रूज मिसाइल के इस्तेमाल

यूक्रेन के सैन्य अधिकारी माइकोला डेनिल्यिुक पत्रकार के बतवलें कि रूस लविवि अउर खमेलनित्स्की इलाका में परमाणु मिसाइल के इस्तेमाल कइलें। ऊ मीडिया के एक्स-55 क्रूज मिसाइल के हिस्सो दिखवलें। ऊ कहनें कि ई हमला देश के वायु रक्षा प्रणाली के खत्म करे के इरादा से कइल जा रहल बा। ऊ कहनें कि एह मिसाइल के टुकड़न के जांच में रेडियोधर्मिता के परीक्षण में असामान्य स्तर नाइ दिखल।

बता देईं, रूस अउर यूक्रेन के युद्ध में दूनहू पक्ष पिछले कई महीना से ड्रोन विमान से हमला कs रहल बानें। यूक्रेन के अमेरिका अउर तुर्की से बहुते घातक बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]