[the_ad_group id="30365"]

95 दिन से कतर में कैद भारत के आठ पूर्व नौसैनिक: एक महीन अउर रहिहें बंद, परिवार के आरोप के जानकारी नइखे

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कतर में 90 दिन से अधिक समय से कैद भारतीय नौसेना के आठ पूर्व कर्मियन के रिहाई अधर में लटक गइल बा। बेर-बेर प्रयास के बादजूद भारत सरकार उनके कतर के गिरफ्त से नाइ निकाल पा रहल बा।

लेकिन एह सब के बीच पीड़ित के परिवार एगो अउर परेशान करे वाली खबर दिहले बा। परिवार के मुताबिक कोर्ट में सुनवाई के बाद सब पूर्व नौसैनिकन के कस्टडी एक महीना अउर बढ़ा दिहल गइल बा। यानी एह सब रिहाई के उम्मीद एक बेर फिर से टूट गइल बा। परिवार के सदस्यन के कहनाम बा कि एह सब के कौने आरोप में हिरासत में लिहल गइल बा, अभिन ले एकर जानकारी नइखे मिलल।

कंपनी परिवार के सदस्य के दिहलें हिरासत बढ़ावे के जानकारी

इंडियन एक्सप्रेस के मुताबिक परिवार के सदस्यन के संगे संवाद करे वाले कंपनी के अधिकारियन के अनुसार, अतवार के तीन-न्यायाधीशन के बेंच सुनवाई कइलस अउर पूर्व नौसैनिकन हिरासत एक महीना अउर खातिर बढ़ा दीहलस।

ऊ परिवार के बतवलें कि ऊ सुनवाई के दौरान मौजूद रहनें, लेकिन पीड़ित पूर्व नौसैनिकन से बहुत कम बातचीत भइल। 30 दिन के विस्तार 1 दिसंबर से प्रभावी बा। पारिवारिक सूत्र के कहनाम बा कि सुनवाई में पूर्व नौसैनिक के खिलाफ आरोप सोझे नाइ आइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]