[the_ad_group id="30365"]

पीएम के दौरा से तनिके पहिले कच्छ में तनाव, धर्मस्थल अउरी दुकानन में तोड़फोड़, फोर्स तैनात

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के दौरा से पहिले गुजरात के कच्छ जिला के भुज में सांप्रदायिक तनाव के घटना सामने आइल बा। शुक्रवार साँझ भुज के माधापुर गांव में दू समुदायन के लोग के बीच बवाल हो गइल। एह दौरान एक संप्रदाय के लोग दूसरे संप्रदाय के धर्मस्थल अउरी दुकानन में जम के तोड़फोड़ कइल। तनाव बढ़त देख उहां सुरक्षा बल तैनात कइल गइल बा।
माधोपुर गांव, जहवां सांप्रदायिक तनाव फैलल उ ‘स्मृति वन’ से मात्र चार किलोमीटर दूर बा। स्मृति वन भुज अउरी गुजरात के भूकंप में मारल गइल लोगों के याद में बनावल गइल बा। पीएम नरेंद्र मोदी अतवार के एकर लोकार्पण करिहें।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]