Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

साँझ के 10 बड़ खबर

2,108
  1. बिहार: सुशील मोदी बोलले- तेजस्वी के जेल भेजल चाहत बाड़ें ललन सिंह: कहले- लालू यादव जेल गइले तs उनके कारण, नीतीश के दिमाग के समझल मुश्किल।
  2. बिहार: तालाब में डूबला से मां आ 3 बच्चन के मौत: समस्तीपुर में एगो बच्चा डूबे लागल, बचावे का चक्कर में सभे एक एक कs के समा गइल।
  3. उत्तर प्रदेश: बांदा नाव हादसा में लापता 5 लोग जिंदा मिलल: 8 शव बहके फतेहपुर बॉर्डर पहुंचल, मरे वालन के संख्या 11 भइल, 4 के तलाश जारी।
  4. उत्तर प्रदेश: लखनऊ शहर 52 सेंकेंड खातिर थमल, झंडारोहण रिहर्सल में चौराहन पs गुंजल राष्ट्रगान, डिप्टी सीएम कइले ” हर घर तिरंगा” अभियान के कइले सुरुआत।
  5. झारखंड: स्वतंत्रता दिवस के लेके भइल फुल ड्रेस रिहर्सल: रांची डीसी एसएसपी लेलस लो परेड के सलामी, अधिकारियन के दिहल गइल दिशा निरदेस।
  6. जम्मू कश्मीर में टेरर फंडिंग के आरोपी 4 कर्मचारी बर्खास्त: आतंकी बिट्टा के पत्नी आ हिजबुल चीफ के बेटा पs एक्शन, अब तक 40 कर्मचारियन के निकालल गइल।
  7. तिरंगा रैली में गुजरात के पूर्व उपमुख्यमंत्री घायल: नितिन पटेल के आवारा गाय टक्कर मरलस, घुटनन में आइल चोट; अस्पताल में भर्ती।
  8. राजू श्रीवास्तव कर तीसरा बेर भइल एंजियोप्लास्टी: एसे दोबारा हार्ट अटैक आवे के खतरा कम होला, बाकिर तनाव से दूर रहल बा जरूरी।
  9. अफगानिस्तान में महिला लोगन के प्रदर्शन: शिक्षा आ काम के हक मांगत रहे लो, तालिबानी लड़ाकन द्वारा पिटाई आ हवाई फायरिंग कइल गइल।
  10. मोदी बोलले: युक्रेन में दुनिया देखलस तिरंगा के ताकत: दोसर देशन के रक्षा कवच बनल; कॉमनवेल्थ में बॉक्सिंग, कुश्ती हर जगे बेटियन के योगदान रहल अदभुत।
308800cookie-checkसाँझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.