Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Covid-19: सोनिया गांधी के भइल कोरोना, दू महीना में दुसरका बेर संक्रमित

1,901

कांग्रेस अध्यक्ष सोनिया गांधी कोरोना संक्रमित पावल गईल बाड़ी। एकर पुष्टि पार्टी महासचिव जयराम रमेश कइले। उ ट्वीट कइलें कि ‘कांग्रेस अध्यक्ष सोनिया गांधी कोरोना संक्रमित पावल गईल बाड़ी। ऊ सरकार द्वारा जारी प्रोटोकॉल के पालन करत आइसोलेशन में रहिहें।

बता देईं, 2 जून के भी सोनिया गांधी कोरोना संक्रमित हो गईल रहली। उनके गंगाराम अस्पताल में भर्ती करावे के पड़ल रहल, जहां उनकर हालत काफी बिगड़ गईल रहल। उहवें, बीतल बुध के प्रियंका गांधी भी कोरोना संक्रमण के चपेट में आ गईली। ऊ भी फिलहाल आइसोलेशन में बाड़ी। एसे पहिले भी प्रियंका गांधी कोरोना संक्रमित पावल गईल रहली। उनके तीन जून के कोरोना संक्रमण के पुष्टि भईल रहे।
308650cookie-checkCovid-19: सोनिया गांधी के भइल कोरोना, दू महीना में दुसरका बेर संक्रमित

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.