[the_ad_group id="30365"]

Morning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  1. बिहार: अब सितंबर में लिहल जाई 67 वां बीपीएससी PT परीक्षा, आयोग पहिले अगस्त में परीक्षा लेवे के बात कहले रहे, तइयारी पूरा ना होखला के वजे से लिहल गइल फसिला।
  2. बिहार: लोजपा सांसद बोलली- हम NDA में बानी आ NDA में रहेम, वैशाली में तिरंगा यात्रा में सामिल ना होखला पs कहली- हमरा के बोलावले ना गइल।
  3. उत्तर प्रदेश: ताजमहल पs उमड़ल भीड़ के चलते ध्वस्त भइल बेवस्था, प्रवेश खातिर धक्का मुक्की में दब गइले सs बच्चा। 70,000 पर्यटक पहुंचल रहले।
  4. उत्तर प्रदेश: आतंकी सबाउद्दीन के मिलल ISIS आ ISI कनेक्शन, सोशल मिडिया से लेले रहे दहशत फइलावे के ट्रैनिंग, विदेश भागे के तइयारी में रहे।
  5. झारखंड: आईआईटी आईएसएम के दीक्षांत समारोह, राज्यपाल बोलले- छात्रन में जॉब क्रियेटर बने के क्षमता, गांवन के समस्यो हल करे लो।
  6. श्रीलंका के बंदरगाह से भारत पs नजर राखी चीन के जासूसी जहाज, डाली हम्बनटोटा बन्दरगाह पs 6 दिन डेरा, 750 किमी के बातचीत सुन सकेला वांग-5।
  7. जम्मू में दुनिया के सबसे ऊंच पुल तइयार: इंजीनियरिंग के बावे अदुभुत नमूना, 1.3 किलोमीटर लमहर आ 359 मीटर बावे ऊंच, 28000 करोड़ के लागत से बनल बा।
  8. UP के सीएम योगी आदित्यनाथ के बम से उड़ावे के धमकी भरल लेटर मिलल, हिंदूवादी नेता देवेंद्र तिवारी के मिलल बा अइसने दोसर लेटर।
  9. जियो के सस्ता 5G फ़ोन जल्दिये, 12 हजार रुपिया से कम होई कीमत।
  10. एशिया कप में आज ले ना भइल भारत पाक फाइनल: 38 साल में 14 बेर भइल टूर्नामेंट के आयोजन, 7 खिताब के संगे टीम इंडिया बिया सबसे आगे।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]