Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

साँझ के 10 बड़ खबर

583
  1. बिहार: भागलपुर के जहांगीरपुरी वैसी में फेर सुरु भइल कटाव, कोसी में ढह रहल बा घर आ मकान, लोग सुरक्षित जगहन पs लेलस शरण।
  2. बिहार: भोला यादव के सीबीआई रिमांड अवधि 5 अगस्त ले बढ़ल, रेलवे भर्ती घोटाला में कइल गइल बाड़े गिरफ्तार।
  3. उत्तर प्रदेश: इत्र कारोबारी पीयूष जैन पs कसल शिकंजा, केस दर्ज कइला के बाद अब सम्पतियन के अटैच करे के तइयारी में ईडी।
  4. उत्तर प्रदेश: सीनियर आईएएस अधिकारी जूथिका आ विकास कर बाद अब रेणुका कुमार मंगली VRS, योगी सरकार के भेजली पत्र।
  5. झारखंड: झारखंड में अब तक मिलल 2 हजार महिला लोगन के वन स्टॉप सेंटर से मदद, संचालन खातिर मिलल, 3.60 करोड़।
  6. पार्थ चटर्जी पs महिला फेंकली चप्पल: कहली- लुटरेन के AC कार में अस्पताल ले जाइल जा रहल बा, इनका के घसीट के ले जाये के चाहीं।
  7. इमरान खान फंडिंग केस में दोषी करार: भारत समेत कई देशन से अरबन रुपिया के चंदा लेले, 13 गो एकाउंट में ब्लैक मनी छिपवले।
  8. अलकायदा सरगना अल ज़वाहिरी ड्रोन स्ट्राइक में ढ़ेर: 12 महीना से काबुल में लुकाइल रहे, बाइडेन बोलले- हमनी के खोज के मरनी सs, तालिबान भड़कल।
  9. भारत-पाकिस्तान मैच एही महीना 28 अगस्त के: एशिया कप में होई भिड़ंत। भारत के समय के मोताबिक साँझ 7:30 बजे से सुरु होई मुकाबला।
  10. CWG गेम्स: लांग जम्पर श्रीशंकर, मो. अनीस फाइनल खातिर क्वालीफाई कइल लो, मनप्रीत कौर शॉटपुट के खिताबी दौर में पहुंचली।
304570cookie-checkसाँझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.