[the_ad_group id="30365"]

तिरंगा बाइक रैली में विपक्ष के एक्को सांसद नाइ, भाजपा के बड़ आरोप

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

केंद्र सरकार, भारत के आजादी के 75वीं वर्षगांठ पर ‘हर घर तिरंगा’ अभियान के जोर-शोर से तैयारी कर रहल बा। ‘आजादी का अमृत महोत्सव’ के अंतर्गत सब राज्यन में 13 अगस्त से 15 अगस्त के बीच हर घर पर ‘तिरंगा’ फहरावल जाई। लेकिन एसे पहिले आज सब सांसद मिल के तिरंगा बाइक रैली निकललें।

उपराष्ट्रपति एम. वेंकैया नायडू लाल किले से विजय चौक ले ‘हर घर तिरंगा’ बाइक रैली के झंडी दिखाके रवाना कइलें। एह रैली में कई केंद्रीय मंत्री लोग भी भाग लेहल। समाचार एजेंसी एएनआई एह रैली के वीडियो भी जारी कइलें बा जेमें देखल जा सकsता कि स्मृती ईरानी अपने स्कूटी पर तिरंगा लहरावत सबसे आगे दिख रहल बाड़ी। एकरे अलावा एह रैली में केंद्रीय मंत्री मीनाक्षी लेखी भी दिखली।

https://twitter.com/ANI/status/1554674836991279104?t=ZxFbEgBe9yC4K33K28Wvhg&s=19

भाजपा के आरोप- तिरंगा बाइक रैली में एक्को विपक्षी सांसद भाग नाइ लेहलें

एही बीच भारतीय जनता पार्टी आरोप लगवलें बिया कि तिरंगा बाइक रैली में विपक्ष के एक्को सांसद शामिल नाइ भइनें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]