Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

अल कायदा सरगना अयमान अल जवाहिरी ड्रोन हमला में मारल गइल, अमेरिका कइलस दावा

325

अमेरिका दावा कइलें बा कि उ आतंकवादी संगठन अल कायदा (Al Qaeda) के सरगना अयमान अल जवाहिरी (Ayman al-Zawahiri killed) के एक ड्रोन हमला (Drone strike) में मार गिरवले बा। साल 2011 में ओसामा बिन लादेन के मारल गइले के बाद अल कायदा के ई अब ले के सबसे बड़ झटका लागल बा। अमेरिकी अधिकारियन के मुताबिक जवाहिरी के अफगानिस्तान में सीआईए के ड्रोन मार गिरवलस। कई मीडिया रिपोर्टन में भी ई बात सामने आइल बा कि अफगानिस्तान में सप्ताहांत अमेरिकी स्ट्राइक में अल-कायदा के प्रमुख नेता अयमान अल जवाहिरी के मौत हो गईल बा।

बहरहाल, एह खबर खबर के पुष्टि स्वयं राष्ट्रपति जो बाइडन अपने संबोधन में कs देहलें बानें। सोमवार साँझ के अपने संबोधन में राष्ट्रपति बाइडन कहलें कि ‘न्याय के जीत भइल। अलकायदा सरगना अयमान अल जवाहिरी काबुल में एक हवाई हमला में मारल गइल बा। साफ बा अगर आप हमनी के लोग खातिर खतरा बानीं, त अमेरिका आपके जोही अउरी बाहर निकाली, आप चाहे कहीं भी लुका जाईं, चाहे केतना भी समय लागे।’

बाइडन कहलें कि ‘शनिचर के हमरे निर्देश पर अफगानिस्तान के काबुल में सफलतापूर्वक ड्रोन स्ट्राइक कइल गईल, एमें अलकायदा के सरगना अयमान अल-जवाहिरी के मौत हो गईल। ई 11 नवंबर 2001 के भइल हमला के पीड़ितन के न्याय दियवले के दिशा में एगो अउरी कदम ह। अंत में उ कहलें- अब न्याय मिल गइल बा। बाइडन कहलें कि अब हम अफगानिस्तान के आतंकवादियन खातिर कभी भी, बिल्कुल भी सुरक्षित जगह नाइ बने देब। साथ ही ध्यान रखब कि अइसन आगे भी न हो सके।’

304160cookie-checkअल कायदा सरगना अयमान अल जवाहिरी ड्रोन हमला में मारल गइल, अमेरिका कइलस दावा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.