Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

साँझ के 10 बड़ खबर

379
  1. बिहार: श्रावणी मेला-2022- सुल्तानगंज में श्रद्धालु लोग कइल गंगा नहान, जुटे लागल कांवरियन के भीड़। बोल बम के गूंजे लागल नारा।
  2. बिहार: जदयू सांसद वशिष्ठ नारायण सिंह के तबीयत बिगडल, सीएम नीतीश जनले हाल, दिल्ली में होई इलाज।
  3. उत्तर प्रदेश: आगरा कोर्ट परिसर में पुलिस पs हमला, पेशी पs ले आवल गइल गैंगेस्टर के छोड़ा ले गइले हमलावर। घटना से दीवानी परिसर में हड़कंप मच गइल।
  4. उत्तर प्रदेश: यूपी में बुलडोजर के कार्रवाई पs रोक से सुप्रीम कोर्ट के इनकार, अगिला सुनवाई 10 अगस्त के।
  5. झारखंड: दु साल बाद ‘बोल बम’ के जयकारन से गुलजार होई बाबा नगरी, काल्ह से उमड़ी जनसैलाब, काल्ह से पुरा सावन होई जलार्पण।
  6. 18+ के फ्री कोरोना बूस्टर डोज: अगिला 75 दिन मुफ्त मिली, 15 जुलाई से सरकारी अस्पताल में लगवावल जा सकी।
  7. सुशांत केस में रिया चक्रवर्ती के 10 साल के जेल संभव: सुशांत के गरदन पs रहे निशान; वकील बोलले-डॉक्टर आपन बयान बदल काहे देले।
  8. भारतीय कपल से 45 गो पिस्टल बरामद: वियतनाम से लवटल रहे भारतीय कपल, दिल्ली एयरपोर्ट पs पकड़ल गइल।
  9. जेईई एडवांस 2022: जेईई एडवांस के रजिस्ट्रेशन प्रोसेस 07 से 11 अगस्त के बीच, 28 अगस्त के 2 शिफ्ट में होई परीक्षा के आयोजन।
  10. 17 महीना बाद वनडे में नंबर 1 बुमराह: न्यूजीलैण्ड के जवन बोल्ट हटवले रहस उनके के पछड़ले, टॉप-10 में इकलौता भारतीय गेंदबाज।
293290cookie-checkसाँझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.