Hamid Ansari: पाकिस्तानी पत्रकार के बोलावे के आरोपन पs बोलले अंसारी- सरकार के सलाह पs भेजल जात रहे न्योता

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 13, 2022

भारत के पूर्व उपराष्ट्रपति हामिद अंसारी भाजपा पs पलटवार कइलें बाड़े। भाजपा आजुए पाकिस्तानी पत्रकार नुसरत मिर्जा के दावन के लेके अंसारी आ कांग्रेस से जवाब मंगले रहे। मिर्जा कहले रहस कि ऊ कइयन बेर

Share

का बोलले हामिद अंसारी?

अंसारी अपना बयान में साफ कइलें कि ऊ कबो कवनो पाकिस्तानी पत्रकार के न्योता ना देले आ ना कबो मिर्जा से कवनो मुलाकात कइलें। ऊ कहले कि उपराष्ट्रपति के ओर से विदेशी हस्तियन के न्योता सरकार के सलाह पs भेजल जाला। अंसारी के एह बयान के बाद अब कांग्रेसो कावर से जल्दिये जबाब आवे संभावना बा, काहेकि पूर्व उपराष्ट्रपति न्योता भेजल जाये के मुद्दा खातिर सीधे तौर पs तत्कालीन कांग्रेस सरकार के जिम्मेदार ठहरा देले बाड़े।

भजपो पs हमला बोलले

अंसारी भारत के हितन के नुकसान पहुंचावे के भाजपा के आरोपन पs जवाब देले। ऊ कहले- “ईरान में राजनयिक के रूप में हमेशा सरकार के जानकारी के दायरा में रहनी। हम हमेशा राष्ट्रीय सुरक्षा प्रतिबद्धता से बंधल रहनी। अंसारी कहले, “मीडिया आ भाजपा के आधिकारिक प्रवक्ता द्वारा हमरा खिलाफ एक के बाद एक झूठ फइलावल गइल।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.