[the_ad_group id="30365"]

कोलंबो में प्रदर्शनकारी के रोके खातिर हवाई फायरिंग, आपातकाल के बीच स्थिति बेकाबू

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

श्रीलंका में आजुकाल्हु ऐतिहासिक आर्थिक संकट के सामना करे के पड़त बा. इहाँ के राष्ट्रपति भवन प जनता अपना कब्जा में ले लेले बिया। ओने खबर बा कि राष्ट्रपति गोताबाया राजापक्ष आजु सबेरे कोलंबो से भाग के मालदीव चल गइल बाड़न. उ अपना पत्नी अवुरी दु अंगरक्षक के संगे वायुसेना के एगो विशेष विमान में देश से भाग गईल बाड़े। आज गोटाबाया के राष्ट्रपति पद से भी इस्तीफा देवे के रहे। राष्ट्रपति के देश छोड़े के खबर से प्रदर्शनकारी फेर से भड़क गईल बाड़े। हजारो प्रदर्शनकारी संसद आ प्रधानमंत्री कार्यालय चहुँप गइल बाड़े. सेना अवुरी प्रदर्शनकारी आमने-सामने बाड़े। ओने श्रीलंका में आपातकाल लागू कर दिहल गइल बा.

प्रदर्शनकारी के रोके खातिर हवाई फायरिंग

कोलंबो में प्रधानमंत्री आवास के बहरी जुटल हजारों प्रदर्शनकारी के रोके खाती सुरक्षाकर्मी गोलीबारी कईले बाड़े। आवास के बाहर गोलीबारी के आवाज सुनाई देलस। बतावल जाता कि सुरक्षाकर्मी हवा में फायरिंग कईले।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]