[the_ad_group id="30365"]

साँझ के 10 बड़ खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  1. बिहार: जदयू नेता आरसीपी सिंह के मोदी मंत्रिमंडल से इस्तीफा। कार्यकाल खतम होखे से एक दिन पहिले आइल इस्तीफा। जदयू तिसरका बेर राज्यसभा भेजे से कs देले रहे इनकार।
  2. बिहार: राजीव नगर अतिक्रमण ममिला के अगिला सुनवाई 14 के, बिजली पानी मुहैया करावे के हाईकोर्ट देलस आदेस। फाइनल जजमेंट तक केहू के घर तुड़े पs रोक।
  3. उत्तर प्रदेश: शिवपाल यादव कर काफिला के रोडवेज बस मरलस टक्कर, चार घायल। इटावा में हादसा के बाद घायलन के सैफई मेडिकल कॉलेज में भरती करावल गइल।
  4. उत्तर प्रदेश: यूपी में फिर से सुरु होई 1989 से बंद पड़ल 40 से बेसी पैरामेडिकल प्रशिक्षण केन्द्र, मुख्यमंत्री योगी के निरदेस। हर संस्थान में मानकन के कड़ाई से लागू करावे के कहलें।
  5. झारखंड: घर देखावे के बहाने एसडीएम कइले रहस छात्रा से छेड़छाड़, न्यायिक हिरासत में भेजल गइले SDM सैयद रियाज अहमद। 2019 बैच के आईएएस अधिकारी हवे रियाज।
  6. अमरनाथ यात्रियन के मंत्री-मुख्यमंत्री जइसन सुरक्षा: कश्मीर में घुसते समूचा शहर रोक दिहल जाला, हर दूसरा घर पs शार्प शूटर।
  7. माँ काली के पोस्टर पs बवाल: TMC सांसद महुआ मोइत्रा के खिलाफ भोपाल में FIR, कांग्रेस सांसद थरूर बोलले- बयान के गम्भीरता से ना लिहल जाव।
  8. स्पाइसजेट के DGCA के नोटिस: 18 दिन में कंपनी के विमानन में तकनीकी खराबी के 8 ममिला सोझा आइल, 21 दिन में मंगले जबाब।
  9. ब्रिटिश पीएम के रेस में सबसे आगे ऋषि सुनक: 4 मंत्रियन के इस्तीफा के बाद बोरिस जॉनसन पs कुर्सी छोड़े के दबाव, अब दौड़ में छव गो नाव।
  10. वेस्टइंडीज दौरा खातिर टीम इंडिया के ऐलान: धवन के वनडे टीम के कप्तानी; रोहित, कोहली, बुमराह आ पंत टीम के हिस्सा नइखे।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]