Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Morning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

334
  1. बिहार: लालू प्रसाद यादव के एयरपोर्ट पहुंचावे ला पटना में पहिला बेर बनल ग्रीन कॉरिडोर। जिला प्रशासन राजाबाजार से पटना एयरपोर्ट तक लमसम 3 किमी के रस्ता में ग्रीन कॉरिडोर के तर्ज पs प्रबंध कइलस।
  2. बिहार: बिहार में खाली रोजगार देवे आलन के मिली सीएम उद्धमी योजना से कर्जा, बोलले शहनवाज- 54 ट्रेड में मिली लोन।
  3. उत्तर प्रदेश: बकरीद आ कावंड़ यात्रा के लेके सीएम योगी के सख्त निरदेस, तनिको चूक पड़ी भारी, गाइडलाइन जारी।
  4. उत्तर प्रदेश: पीएम मोदी आज बनारस के दिहें 1800 करोड़ के 43 परियोजनन के सौगात, शहर में बच्चन से करिहें बात।
  5. झारखंड: मनरेगा घोटाला- शेल कंपनियन के माध्यम से मनी लॉन्ड्रिंग! ईडी के मिलल सबूत, हाईकोर्ट के सउपलस सीलबंद रिपोर्ट।
  6. राजस्थान के कन्हैयालाल हत्याकांड के बिहार कनेक्शन: भागलपुर के अशरफी से पूछताछ, NIA 14 तारीख के जयपुर बोलवलस।
  7. पंजाब के सीएम भगवंत मान आज दूसरा बेर दूल्हा बनिहे: 16 साल छोट डॉ० गुरप्रीत के साथे चंडीगढ़ में लिहे फेरा, बियाह में खाली परिवार शामिल होई।
  8. ऑनलाइन दवाई बेंचे पs हाईकोर्ट के नोटिस: बिना डॉक्टर के बन रहल बा प्रिस्क्रिप्शन, डिस्काउंट में लालच में जिनगी खतम ना हो जाए।
  9. दक्षिण भारत से 4 हस्ती राज्यसभा खातिर मनोनित: पीटी उषा, इलैयाराजा, वी विजयेंद्र प्रसाद आ वीरेंद्र हेगड़े राज्यसभा सांसद होई लो, 6 साल के होई कार्यकाल।
  10. भारत-इंग्लैंड पहिला टी-20 आज: अंग्रेजन के खिलाफ टीम इंडिया पिछला 11 में 7 मैच जीतल बिया, कप्तान रोहित के कोरोना से उबरला के बाद वापसी।
287820cookie-checkMorning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.