[the_ad_group id="30365"]

आज उत्तर प्रदेश में रही ड्राई डे, ए चलते दिन भर ना बिकाई शराब

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अगर रउरा उत्तर प्रदेश में रहत बानी आ शराब के सेवन करत बानी आ एकर शौकीन बानी त रउरा खातिर एगो बुरा खबर बा. दरअसल, आज दिन भर उत्तर प्रदेश में शराब के बिक्री प रोक लागी।

उत्तर प्रदेश में आज पूरा दिन शराब ना बिकाई। जवना के चलते उत्तर प्रदेश में रहेवाला शराब प्रेमी के बहुत परेशानी के सामना करे के पड़ सकता। संगही, जदी आज यूपी में शराब बेचे वाला केहु मिलल त ओकरा खिलाफ बहुत कड़ा कार्रवाई कईल जाई। दिल्ली से सटल एनसीआर इलाका में आवे वाला गाजियाबाद अवुरी नोएडा के लोग के आज शराब खरीदे खाती दिल्ली के चक्कर लगावे के होई।

आज यूपी में रही ड्राई डे

आज उत्तर प्रदेश के तमाम जिला में सूखा दिवस घोषित कर दिहल गइल बा। माने कि आजु राजधानी लखनऊ समेत सगरी जिलन में शराब के दुकान बंद रही. एकरा संबंध में आबकारी विभाग भी आदेश जारी कईले बा। आदेश के मुताबिक आज सबेरे 10 बजे से सांझ 5 बजे तक सभ शराब के दोकान बंद राखल जाई।

असल में आजु नशा के दुरुपयोग आ अवैध तस्करी का खिलाफ अंतर्राष्ट्रीय दिवस ह. आजु का दिने राज्य में यूपी सरकार सूखा दिवस घोषित कर दिहले बिया. माने कि आज राज्य के कवनो जिला में सबेरे 10 बजे से शाम 5 बजे तक शराब के दोकान ना खुली। एकरा खातिर आबकारी विभाग के ओर से आदेश जारी कईल गईल बा।

एकरा अलावे आजु सरकारी भांग के दुकानो पूरा तरह से बंद राखल जाई. एकरा संबंध में तमाम जिला आबकारी अधिकारी के आदेश जारी कईल गईल बा। अपर आयुक्त के मुताबिक, जदी ड्राई डे के दिन शराब चाहे भांग के दोकान खुलल मिलल त ओकरा खिलाफ कड़ा कार्रवाई कईल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]