[the_ad_group id="30365"]

साँझ के 10 बड़ खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  1. बिहार: बिहार बन्द- मसौढ़ी में उपद्रवियन के बवाल, रेलवे स्टेशन के फूंकल गइल, पुलिस के हवाई फायरिंग।
  2. बिहार: झारखंड के देवघर कोर्ट में बिहार के हिस्ट्रीशीटर अमित सिंह के गोली मारके हत्या। बिहटा में सिनेमा हॉल के मालिक के हत्या के केस में बेऊर जेल में रहे बंद।
  3. उत्तर प्रदेश: यूपी बोर्ड के 10वीं आ 12वीं के परिणाम भइल घोषित। 12वीं में फतेहपुर के दिव्यांशी कइली टॉप, प्रयागराज के अंशिका यादव दूसरा स्थान पs।
  4. उत्तर प्रदेश: मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ रक्षा मंत्रालय के अग्निवीरन के 10% आरक्षण देवे के फसीला के सरहले।
  5. झारखंड: कई जिलन में आज भारी बरखा के आसार, मौसम विभाग जारी कइलस येलो अलर्ट।
  6. ज्ञानवापी में मंदिर के शिखर पs राखल गइल गुबंद: हिन्दूअन के 110 केस लड़ चुकल वकील के दावा- तीनों गुबंदन के नीचे हिन्दू प्रतीक चिन्ह।
  7. मूसेवाला के मरवावे आला डॉन अब खुद खौफ में: गैंगेस्टर के वकील के आरोप- पुलिस रिमांड में दे रहल बिया थर्ड डिग्री टॉर्चर, जान के खतरा।
  8. अफगानिस्तान में गुरुद्वारा पs हमला: काबुल में गुरुद्वारा कर्ते-परवाने में धमाका, मुस्लिम गार्ड समेत दु के मौत; सिख संगत भीतरी फंसल।
  9. खुफिया जानकारी लीक करे वाला DRDO इंजीनियर गिरफ्तार: पाकिस्तान के महिला जासूस फंसवलस, दु साल ले मिसाइल प्रोग्राम के डिटेल निकालत रहल।
  10. क्रिकेट: मध्यप्रदेश 23 साल बाद रणजी के फाइनल में: बंगाल के 174 रन से हरवलस, कुमार कार्तिकेय झटकले 5 विकेट; मुम्बई से होई खिताबी भिड़ंत।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]