[the_ad_group id="30365"]

अग्निवीरन पs जेडीयू से तनातनी के बीच केंद्र के बड़ फसीला, बिहार के दुनों डिप्टी सीएम समेत 12 बीजेपी नेता लो के Y ग्रेड सुरक्षा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार में नरेंद्र मोदी सरकार के अग्निपथ योजना के विरोध में हो रहल उग्र प्रदर्शन के बीचे गृह मंत्रालय बीजेपी के दुनों उप मुख्यमंत्री समेत 12 नेता लो के अतिरिक्त सुरक्षा देले बिया। जानकारी के मोताबिक ई सुरक्षा वाई कैटेगरी के होई आ एकर कमान सीआरपीएफ के हाथ में होई। जेडीयू से तनातनी के बीच केंद्र सरकार के ई बड फसीला मानल जा रहल बा। केंद्र के एह फसीला से ठीक पहिले बिहार बीजेपी अध्यक्ष संजय जायसवाल नीतीश कुमार सरकार के पुलिस आ प्रशासन पs सवाल खड़ा कइले रहस।

बिहार भाजपा अध्यक्ष कहले रहस ई बात

गौर करे आला बात बा कि बिहार भाजपा अध्यक्ष संजय जायसवाल पटना में पत्रकारन से बात करत कहले रहस कि एह विरोध प्रदर्शन के दौरान भाजपा के टारगेट कइल जा रहल बा। तीन जिला में बीजेपी के दफ्तर जला दिहल गइल बाकिर पुलिस उहां मौन रहल। संजय जायसवाल कहले कि पुलिस-प्रशासन एह ममिला में ओइसन कार्रवाई ना कइलस जवना तरे से करे के चाहत रहे। ना कहीं लाठीचार्ज भइल आउर ना कहीं आंसू गैस छोड़ल गइल।

लगातार जारी बा प्रदर्शन

बता दीं कि बिहार में अग्निपथ योजना के खिलाफ चउथो दिने जुवा लो के प्रदर्शन जारी रहल। पिछला तीन दिनन से प्रदर्शन काफी उग्र हो चुकल बा। प्रदर्शनकारियन द्वारा कइयन गो जिलन में जमके तोड़फोड़ कइल गइल आ ट्रेनन तक में आग लगा दिहल गइल। इहां तक की प्रदर्शनकारियन द्वारा डिप्टी सीएम रेणु देवी आ बिहार भाजपा अध्यक्ष संजय जायसवाल के घरो पs हमला बोल दिहल गइल। संगही प्रदर्शनकारियन के ओर भाजपा कार्यालयन में आगजनी आ तोड़फोड़ कइल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]