[the_ad_group id="30365"]

रक्षा मंत्रालय देहलस अग्निवीर खातिर 10 प्रतिशत आरक्षण, तटरक्षक-नागरिक रक्षा से लेके 16 पीएसयू तक के नौकरी मिली

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गृह मंत्रालय के बाद रक्षा मंत्रालय घोषणा कईले बा कि, अग्निवीर के अलग-अलग विभाग में 10 प्रतिशत आरक्षण दिहल जाई, जवन कि अग्निपथ योजना के तहत चार साल के प्रशिक्षण पूरा कईले बाड़े। रक्षा मंत्री कार्यालय से एगो ट्वीट में कहल गईल कि इ आरक्षण भारतीय तटरक्षक से लेके रक्षा नागरिक चौकी तक अग्निवीर के दिहल जाई। एकरा अलावे रक्षा क्षेत्र से जुड़ल सार्वजनिक क्षेत्र के उपक्रम में भी युवा के बहाली कईल जाई। ई आरक्षण पूर्व सैनिकन के दिहल आरक्षण से अलगा होखी.

रक्षा मंत्रालय से कहल गइल बा कि जल्दिए बहाली नियमावली में बदलाव कइल जाई. एही तरह सार्वजनिक क्षेत्र के कंपनियन के भी बदलाव करे के निर्देश दिहल जाई। अग्निवीर के बहाली खातिर उमिर में ढील भी दिहल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]