Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सांझ के 10 बड़ खबर

500
  1. बिहार: पटना में शिक्षक अभ्यर्थियन के आंदोलन खतम: बोलल लो- हमनी के बात दुनो सदनन तक पहुंच गइल बा; राज्यकर्मी के दर्जा ना मिली तs फेर सड़क पs उतरेम सs।
  2. बिहार: देस में 13 साल बाद हर 7वां व्यक्ति बिहारी होई; 2036 तक बिहार के आबादी 30% बढ़ी, कुल पॉपुलेशन में राज्य के हिस्सेदारी 14.5 % होई। अभी आधा आबादी 20 साल से नीचे आ आधा ओकरा ऊपर के।
  3. उत्तर प्रदेश: ज्ञानवापी ‘शिवलिंग’ केस में कार्बन डेटिंग पs SC में भइल सुनवाई; मुस्लिम पक्ष के जवाब दाखिल करे के आदेस, यूपी सरकार से हलफनामा तलब।
  4. उत्तर प्रदेश: 2024 चुनाव में रोड़ा बन सकत बा कर्मचारी संगठन: पुरनका पेंशन, रिक्त पदन के भरला सहित प्रमोशन के लेके सरकार से नाराज चल रहल बाड़ी सs कर्मचारी संगठन।
  5. झारखंड: बोकारो के इस्कॉन मंदिर जरके खाक; हंस मंडप के मोटर रूम में लागल आग फइलल, पांच दमकल के गाड़ी मिलके पावल आग पs काबू।
  6. बंगाल पंचायत चुनाव के काउंटिंग जारी: टीएमसी ग्राम पंचायत के 15,068 सीट पs जीतल, भाजपा के 3,025 आ ओवैसी के पार्टी के 3 सीट। बंगाल गवर्नर बोललें- हिंसा फइलावे वाला अपना जनम के लेके कोसी।
  7. ED डायरेक्टर के कार्यकाल तीसरा बेर बढ़ावल गैर-कानूनी: सुप्रीम कोर्ट नया नियुक्ति के आदेस देलस, 31 जुलाई तक पद पs रह सकिहें संजय मिश्रा।
  8. कर्नाटक में 2.5 टन टमाटर से भरल ट्रक हाईजैक: टक्कर से कार के सीसा टूटल रहे; कार सवार हर्जाना मंगलस, ना मिलला पs ट्रक ले गइल। एकरा पहिले बेलूर में किसान के 2.7 लाख रुपिया के टमाटर चोरी भइल रहे।
  9. नेपाल में हेलीकॉप्टर क्रैश, पायलट आ 5 बिदेसियन के मौत: काठमांडू खातिर भरले रहे उड़ान, 10 मिनट बाद माउंट एवरेस्ट के लगे संपर्क टूटल। 12 हजार फीट के ऊंचाई पs उड़त रहे हेलीकॉप्टर।
  10. महिला क्रिकेट: भारत 8 रन से जीतल लो-स्कोरिंग मैच; बांग्लादेश पs 2-0 के बढ़त मिलला, दुनो टीमन के 15 बैटर डबल डिजिट तक ना पहुंच सकल लो।
594440cookie-checkसांझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.