Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

देश के पांच राज्यन में भारी बरखा, 72 घंटा में 76 मौत : दिल्ली में मंडरा रहल बा बाढ़ के खतरा, हिमाचल, पंजाब सेना के मंगलस मदद

469

देश के पांच राज्यन में भारी बरखा, 72 घंटा में 76 मौत : दिल्ली में मंडरा रहल बा बाढ़ के खतरा, हिमाचल, पंजाब सेना के मंगलस मद

हिमाचल, उत्तराखंड, दिल्ली, यूपी आ पंजाब में 6 दिनन से लगातार बरखा हो रहल बा। हिमाचल में 24 घंटा में 39 जगह लैंडस्लाइड भइल। ब्यास नदी के उफान के चलते इमारत बह गइली सs, पुल ढह गइल। पिछला 72 घंटन में देस के अलग-अलग राज्यन में 76 लोगन के जान चल गइल। यूपी में 34, हिमाचल में 20, जम्मू-कश्मीर में 15, दिल्ली में पांच आ राजस्थान आ हरियाणा में एक-एक के मौत भइल बा। ओहिजा उत्तराखंड के उत्तरकाशी में मध्य प्रदेश के टूरिस्ट के गाड़ियन पs पहाड़ से टूटके पत्थर गिर गइल। एह हादसा में इंदौर के चार टूरिस्ट के मौत हो गइल। ओहिजा 10 लोग घायल भइल बा। दिल्ली में यमुना नदी के वाटर लेवल खतरा के निशान के पार कs गइल बा। मंगर के सबेरे 8 बजे तक नदी के पानी 206.32 मीटर पs बहत रहे। 1978 में हाईएस्ट 207.49 मीटर तक गइल  रहे।

दिल्ली सरकार अलर्ट मोड पs :

आजो दिल्ली, नोएडा समेत एनसीआर के इलाकन में मध्यम बरखा होखला के संभावना बा। लगातार बरखा आ हरियाणा से यमुना में छोड़ल जाये वाला पानी से दिल्ली में यमुना के जलस्तर खतरा के निशान पs पहुंच गइल बा। बरखा के बाद बनल इस्थिति से निपटे खातिर दिल्ली सरकार अलर्ट मोड पs बिया। यमुना के तटन पs पानी के निगरानी खातिर जिला प्रशासन सिविस डिफेंस कर्मियन के तैनात कइल गइल बा। ई लोग नदी के पानी पs नजर बना के रखले बा। सिविल डिफेंस कर्मी पानी बढ़ला पs बाढ़ नियंत्रण कक्ष के सूचित करी लो। भारी बरखा आ हथिनी कुंड बैराज से लगातार छोड़ल जा रहल पानी के कारण यमुना नदी के जलस्तर खतरा के निशान से ऊपर पहुंच चुकल बा। यमुना के बढ़त जलस्तर के देखत लोहा के पुल बंद कs दिहल गइल बा।

लापरवाही के कारण दिल्ली में जल भराव के समस्या : एलजी

दिल्ली में भइल जलभराव आ जलजमाव खातिर लापरवाही जिम्मेदार बा। बीतल सालन में सीवरेज आ नालन के सफाई पs धेयान ना दिहल गइल। एमे गाद भरल बा। ई कहनाम बा दिल्ली के उपराज्यपाल वीके सक्सेना के। मंगर के पूर्वी दिल्ली के बाढ़ ग्रस्त क्षेत्र के दौरा करे पहुंचल उपराज्यपाल कहलें कि जदि समय पs सीवरेज के सफाई हो जाइत तs एह प्रकार के समस्यन से लोगन के दु चार ना होखे के पड़ित। नजफगढ़ नाला आ आउर वाटर बॉडीज से गाद के निकाल दिहल जाइत, तs इहां पs बरखा जल संचयन के क्षमता बढ़ जाइत आ जलजमाव जइसन समस्यन से दिल्ली के सामना ना करे के पड़ित। हमार कोसिस बा कि आवे वाला दिनन में एह समस्यन पs विशेष धेयान दिहल जाव। कोसिस कर रहल बानी कि प्रशासन के संगे मिलके नजफगढ़ नाला आ वाटर बॉडीज सहित आउर जगहन के सफाई होखे जवना से फेर से कवनो संकट ना आवे। संगही बरखा के जल के संचयन कइल जा सके।

एह राज्यन में भारी बरखा के अनुमान:

राजस्थान, मध्य प्रदेश, हिमाचल, उत्तराखंड, हरियाणा, पंजाब, दिल्ली, उत्तर प्रदेश, बिहार, सिक्किम, पश्चिम बंगाल, असम, मेघालय, अरुणाचल प्रदेश, नागालैंड, मिजोरम, मणिपुर, त्रिपुरा, गुजरात, गोवा, कर्नाटक, केरल, आंध्र प्रदेश आ ओडिशा आदि राज्यन में भारी बरखा के चेतावनी मौसम विभाग जारी कइले बा। एकरा संगही बिहार के कुछ जिलन में भारी बरखा के अलर्ट जारी कइल गइल बा।

रौद्र रूप दिखा रहल बाड़ी सs नदी, भूस्खलन लील लेलस सात गो जिंदगी 

उत्तराखंड में लगातार हो रहल बरखा के बाद पहाड़ से लेके मैदान तक कुदरत के कहर बरप रहल बा। पहाड़ी इलाकन में नदी नाला उफान पs बा। गंगा, अलकनंदा, काली आ बीन नदी उफान पs बा। ओहिजा, भूस्खलन कइयन लोगन के मौत हो चुकल बा। उत्तरकाशी में पांच, रुद्रप्रयाग में एगो आ विकासनगर में दु लोगन के भूस्खलन के चलते मौत के सूचना बा। ओने, मैदानी इलाका बरखा के बाद जलमग्न हो गइल बा। मौसम विभाग आज प्रदेशभर में भारी बरखा के लेकर रेड अलर्ट जारी कइले बा। खास कs के , कुमाऊं के जनपदन में भारी बरखा होखे के चेतावनी देले बा। बुध के प्रदेश में भारी बरखा के जारी रहे के चेतावनी जारी कइल गइल बा।

594490cookie-checkदेश के पांच राज्यन में भारी बरखा, 72 घंटा में 76 मौत : दिल्ली में मंडरा रहल बा बाढ़ के खतरा, हिमाचल, पंजाब सेना के मंगलस मदद

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.