[the_ad_group id="30365"]

सांझ के 10 बड़ खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  1. बिहार: दुसरको दिने ऑफिस ना पहुंचलें शिक्षा मंत्री चना; विवाद पs राबड़ी बोलली- सब ठीक बा, मंत्री ललित यादव बोललें- अधिकारी कइसे ना सुनी लो। पूर्व मंत्री सुधाकर सिंह बोललें- केके पाठक जइसन अफसर के बर्खास्त करे के चाहीं।
  2. बिहार: जातिगत जनगणना पs फैसला सुरक्षित, अगिला सप्ताह आई फैसला; पटना हाईकोर्ट में 5 दिन तक चलल सुनवाई, चीफ जस्टिस के बेंच में भइल सुनवाई।
  3. उत्तर प्रदेश: पीएम मोदी गोरखपुर में वंदे भारत के हरियर झंडी देखवलें; गीता प्रेस के समारोह में बोललें- ई ट्रस्ट ना आस्था हs; किताबन से घर घर में संस्कृति पहुंचवलस।
  4. उत्तर प्रदेश: गोरखपुर में कांग्रेस नेता लोगन के कइल गइल हाउस अरेस्ट; कांग्रेस जिलाध्यक्ष बोलली- तानाशाही रवैया अपना रहल बिया पुलिस, पीएम के खिलाफ प्रर्दशन के कइले रहे लोग ऐलान।
  5. झारखंड: झारखंड कांग्रेस के प्रदेश अध्यक्ष बदलल तय; आदिवासी चेहरा के मिल सकत बा जिम्मेदारी, कालीचरण मुंडा आ बंधु तिर्की के लेके चरचा।
  6. भाजपा के राष्ट्रीय महासचिव पंकजा मुंडे बोलली – सोनिया राहुल के सामने से नइखी देखले: कांग्रेस में जाये के बात अफवाह; खबर चलावे वालन पs मानहानि के मुकदमा करेम। मीडिया चैनलन से अपील, सवालिया निसान ना लगावे लो।
  7. लोक गायिका नेहा सिंह राठौर पs FIR दर्ज: एमपी पेशाब कांड पs मीम में आरएसएस के ड्रेस में पेशाब करत देखवले रहली। ‘बिहार में का बा’ के तर्ज पs ‘एमपी में बा’ ले आवे के रहे तइयारी।
  8. भाजपा चार राज्यन में चुनाव प्रभारी नियुक्त कइलस: प्रहलाद जोशी के राजस्थान, भूपेंद्र यादव के MP ओम माथुर के छत्तीसगढ़ आ प्रकाश जावड़ेकर के तेलंगाना के जिम्मा।
  9. पाकिस्तान के नेशनल असेंबली 13 अगस्त के होई भंग: कानून मंत्री बोललें- अगस्त में खतम हो जाई टेन्योर; अगिला चुनाव लड़ सकिहें नवाज शरीफ। 3 बेर पाकिस्तान के प्रधानमंत्री रह चुकल बाड़े नवाज शरीफ।
  10. एशियन गेम्स में जाई मेंस-विमेंस इंडियन क्रिकेट टीम: बीसीसीआई मीटिंग में लेलस फैसला; सैयद मुश्ताक अली ट्रॉफी में आई इंपैक्ट रूल। एशियाड में तीसरा बेर सामिल भइल बा क्रिकेट, भारत अभी ले ना लेले रहे क्रिकेट के एशियाड इवेंट में हिस्सा।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]