[the_ad_group id="30365"]

सांझ के 10 बड़ खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  1. बिहार: भाजपा में आईं, सारा दाग धुलवाई.. मंत्री बन जाई; आरजेडी पोस्टर लगाके बीजेपी पs कसलस तंज, मोदी वाशिंग पाउडरो के जिकिर। राजद दफ्तर के बाहर लगावल गइल बा तंज भरल पोस्टर।
  2. बिहार: चार्जशीटेड डिप्टी सीएम के हटावस भा खुद हटस मुख्यमंत्री; बीजेपी नेता विजय सिन्हा नीतीश पs कइलें हमला, कहलें- सड़क से सदन तक उठाएम मुद्दा। शिक्षक नियुक्ति ममिला में सरकार के घेरी बीजेपी।
  3. उत्तर प्रदेश: मायावती के कार्यकर्ता लोगन से अपील, तन,मन,धन से समर्पित होके लड़ी लोकसभा चुनाव 2024। भाजपा सरकार पs सधली निशाना, कहली- सरकार यूसीसी पs ऊर्जा बरबाद के जगे पs मंहगाई कम करे पs देवे धेयान।
  4. उत्तर प्रदेश: गाजियाबाद में जॉब करे वाली जुवती बनल मुस्लिम; बाप से इस्लाम कबूल करे के कहलस, 7 जुवक-जुवतियन के करवलस धर्मांतरण; 3 गिरफ्तार।
  5. झारखंड: रांची में कोयला कारोबारी पs ताबड़तोड़ फायरिंग; कार से उतरके ऑफिस जात रहले रंजीत गुप्ता, पीछा कर रहल अपराधी 21 सेकेंड में वारदात के अंजाम देलस।
  6. बंगाल पंचायत चुनाव में हिंसा, 15 के मौत: केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह राज्य सरकार से रिपोर्ट मंगले, शुभेंदु अधिकारी बोललें- राष्ट्रपति शासन लागे।
  7. प्रधानमंत्री मोदी बीकानेर में बोललें- कांग्रेस के मतलब लूट के दुकान, झूठ के बाजार; हमनी के दिल्ली से योजनन के पईसा भेजेनी सs, इहां कांग्रेस के पंजा झपट्टा मार देला।
  8. राहुल गांधी किसानन के संगे धान के रोपनी कइलें: खेतन में ट्रैक्टर चलवलें; दिल्ली से शिमला जात घरी सोनीपत के मदीना गांव में रुकलें। केहू के ना रहे राहुल गांधी के रुके के सूचना।
  9. तालिबान के मदद कर रहल बा अमेरिका के खुफिया एजेंसी: अफगानिस्तान के पूर्व उपराष्ट्रपति अमरुल्लाह सालेह के दावा- CIA 2 गो रूसी हेलीकॉप्टर देलस, सीक्रेट मिटिंग कइलस। रणनीतिक फायदा खातिर तालिबान के इस्तेमाल।
  10. सिंधू-लक्ष्य कनाडा ओपन के सेमीफाइनल में पहुंचल लो: मेंस डबल में कृष्णा प्रसाद गरागा-विष्णुवर्धन गौड़ के सफर समाप्त। भारतीय पहलवानन के एशियाड में खेले पs संशय; ट्रायल के डेट तय ना, 23 जुलाई तक नाम भेजे के बा; IOA तरीख बढ़ावे के मांग कइले बा।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]