Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सांझ के 10 बड़ खबर

547
  1. बिहार: मंत्री के गरदन काटे खातिर 11 करोड़ के ऑफर; झत्रिय सेवा महासंघ के राष्ट्रीय अध्यक्ष डलले विडियो; सुरेंद्र यादव बोललें- हत्या करवावाल चाहत बाड़ें। मंत्री जेडीयू के महिला नेता करिश्मा कुमारी खातिर अभद्र भाषा के इस्तेमाल कइले रहस।
  2. बिहार: लालू -तेजस्वी पs बनावल जा रहल बा राजनीतिक दबाव; RJD कहलस- दवा के ओवरडोज के बाद रिएक्शन, CBI के नया चार्जशीट पs सियासी घमासान।
  3. उत्तर प्रदेश: पाकिस्तानी महिला प्रेमी के लगे भारत आइल, हरियाणा से गिरफ्तार; पहिलका पति छोड़, 4 गो लईका संगे ले आइल, पबजी खेलत घरी भइल रहे प्यार।
  4. उत्तर प्रदेश: सावन के पहिला दिन सीएम योगी कइलें रुद्राभिषेक; 11 लीटर दूध, घी आ शहद से ज्योतिर्लिंग के पूजा, कावड़ियन खातिर दिल्ली हाईवे वन-वे।
  5. झारखंड: मोदी सरनेम पs राहुल गांधी के बड़ राहत; झारखंड हाईकोर्ट पलटलस निचली अदालत के फैसला, सदेह उपस्थित भइला आ पीड़क कारवाई पs रोक।
  6. भाजपा पंजाब, आंध्र, तेलंगाना आ झारखंड के अध्यक्ष बदललस: चुनावी राज्य तेलंगाना के जी किशन रेड्डी, कांग्रेस से आइल सुनील झाखड़ पंजाब आ पूर्व मुख्यमंत्री बाबूलाल मरांडी झारखंड के कमान संभरिहे।
  7. महाराष्ट्र में होटल में घुसल कंटेनर, 38 के कुचललस: 10 के मौत; ब्रेक फेल होखला के बाद पहिले कार के मरलस टक्कर।
  8. बालासोर हादसा के वजह सिग्नलिंग सिस्टम में खराबी: सेफ्टी कमिश्नर के रिपोर्ट में खुलासा; विपक्ष कहलस- सरकार के लापरवाही से ट्रेन मुर्दाघर बनली सs।
  9. रूस बोलल- यूक्रेन मॉस्को पs 5 ड्रोन से हमला कइलस: हमनी के सबके मार गिरवनी जा; अमेरिका -ब्रिटेन एह आतंकी देस के फंडिंग कs रहल बा।
  10. साउथ एशियन फुटबॉल के फाइनल में भारत के सामना कुवैत से: भारत के लगे नौवां बेर टाइटल जीते के मवका, पिछिला भिड़ंत में ड्रॉ खेलले रहे दूनो देस। से
586550cookie-checkसांझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.