[the_ad_group id="30365"]

Vande Bharat: दुल्हिन के तरे सजे लागल गोरखपुर के प्लेटफार्म नंबर एक, पीएम मोदी देख सकत बाड़ें जंक्शन के नया माडल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पूर्वोत्तर रेलवे के पहिला वंदे भारत श्रीराम नगरी अयोध्या के रास्ते गोरक्ष नगरी गोरखपुर से लखनऊ (उतर रेलवे) के बीच चली। मंगर के सेमी हाई स्पीड वाली एह ट्रेन के ट्रायल (परीक्षण) होई।

संभावना जतावल जा रहल बा कि प्रधानमंत्री प्लेटफार्म नंबर एक वंदे भारत के हरियर झंडी दिखइहें। एकरा के देखत रेलवे प्रशासन अगिला आदेस तक प्लेटफार्म नंबर एक से ट्रेनन के आवागमन के पूरा तरे से रोक दिहल गइल बा। प्लेटफार्म नंबर एक से चले वाली 36 ट्रेनन के दूसरका प्लेटफार्मन  से संचालित कइल जा रहल बा। प्लेटफार्म एक के दुल्हन के तरे सजावल जा रहल बा।

ट्रेन जहां रवाना होखे खातिर खड़ा होई, ओह रेल लाइन के रंग-रोगन कइल जा रहल बा। रेल लाइन आकर्षक लउके लागल बा। प्लेटफार्म पs मंच तइयार होखे लागल बा। सुरक्षा के देखत प्लेटफार्म नंबर एक, कैब-वे आ डीजल लाबी पs  लोगन के आवाजाही रोक दिहल गइल बा। चारो तरफ से बैरिकेडिंग कइल जा रहल बा।

सांस्कृतिक कार्यक्रम प्रस्तुत करी लो छात्रा

रेलवे स्टेशन के प्लेटफार्म नंबर एक पs वंदे भारत के हरियर झंडी दिखावे के अवसर पs रेलवे स्कूल के छात्रा प्रधानमंत्री के समक्ष सांस्कृतिक कार्यक्रम प्रस्तुत करी लो। एह क्रम में एनई रेलवे ब्वायज आ गर्ल्स इंटर कालेज आउर सीनियर सेकेंड्री स्कूल में वंदे भारत ट्रेन, स्वच्छ भारत स्वस्थ्य भारत, आजादी के अमृत महोत्सव, एक भारत श्रेष्ठ भारत विषय पs निबंध प्रतियोगिता आयोजित कइल गइल बा।

पीएम देख सकत बाड़ें गोरखपुर जंक्शन के नया माडल

वंदे भारत के हरियर झंडी दिखवला के बाद प्रधानमंत्री गोरखपुर जंक्शन के पुनर्विकास के आधारशिला रखिहें। एह दौरान प्रधानमंत्री प्रेजेंटेशन के माध्यम से पूर्वोत्तर रेलवे आ गोरखपुर जंक्शन के विकास यात्रा के संगे गोरखपुर जंक्शन के नया माडल के देख सकत बानी। रेलवे प्रशासन एकर तइयारी में युद्धस्तर पs जुटल बा।

वंदे भारत में यात्रा करी लो स्काउट्स-गाइड्स या छात्र

वंदे भारत ट्रेन में पूर्वोत्तर रेलवे के स्काउट्स-गाइड्स आ रेलवे स्कूलन के छात्र यात्रा करी लो। गोंडा जिला संघ के तत्वावधान में सहजनवां, खलीलाबाद, बस्ती, बभनान आ मनकापुर में नुक्कड़ नाटक आ सांस्कृतिक कार्यक्रम प्रस्तुत कइल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]