Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सांझ के 10 बड़ खबर

290
  1. बिहार: बीजेपी सांसद प्रतिनिधि के परिवार गंगा में डूबल… 2 लापता; अजगैबीनाथ घाट पs 10 लोग गंगा नहात रहे, 8 के लोग बचावल गइल। कोडरमा सांसद अनुपूर्णा देवी के प्रतिनिधि के परिवार के रहे लोग। गंगा घाट पs टूटल रहे बैरिकेडिंग, ओहि जगह पs करे लागल लो स्नान।
  2. बिहार: स्कूल वैन लईका के 100 मीटर तक घसीटलस, मौत; दरभंगा में ओहि रस्ता से छात्रन के लेके लवटल वैन, खून के छींटन से खुलल राज।
  3. उत्तर प्रदेश: कानपुर में कार तीन बुजुर्गन के उड़वलस, भइल मौत; तीनो गाछ के नीचे बइठ के बात करत रहे लो, 100 के स्पीड से आ रहल कार रौदंत खंती में गिरल। गांव में तनाव के माहौल।
  4. उत्तर प्रदेश: G-20 में PM कइलें काशी के स्पिरिट के जीकिर; कहलें- टाइमलेस काम करे के ऊर्जा देला; जियो पॉलिटिक्स टेंशन से देसन के बीच तनाव बढ़ल। भारत में डिजटलीकरण के एगो क्रांतिकारी परिर्वतन बतवलें।
  5. झारखंड: वंदे भारत एक्सप्रेस ट्रायल रन में पटना से रांची के सफर पूरा कइलस। 20 मिनट पहिले पहुंचल रांची, सांसद जयंत सिन्हा के सफर से विवाद बढ़ल, ट्रेन वापस पटना आ रहल बिया। छव गो स्टेशन पs रही स्टॉपेज।
  6. फुटकर महंगाई दर 2 साल के सबसे निचिला स्तर पs: मई में 4.25% पs पहुंचल, खाये-पीये के सामान के कीमत घटला के असर। महंगाई के घटल इकोनॉमी खातिर बढ़िया संकेत।
  7. बिपरजॉय तूफान से मुंबई में हाई अलर्ट: गुजरात के तटीय इलाकन से लोगन के हटावल जा रहल बा; 150 KMPH के रफ्तार से चल सकत बा हवा।
  8. WFI के चुनाव 4 जुलाई के होई: बृजभूषण के खिलाफ बयान देवे वाला रेफरी के हटावल गइल; विनेश बोलली पीएम के चुप्पी से दुखी बानी। आंदोलन पs 15 के ऐलान करी लो पहलवान।
  9. इंडियन जर्नलिस्ट्स के चीन में रहे के मंजूरी ना: आखिरी पत्रकार से देस छोड़े के कहल गइल; US-आस्ट्रेलियो से इहे सलूक कइले रहे।
  10. स्लो ओवर रेट के कारण भारत-आस्ट्रेलिया पs जुर्माना: टीम इंडिया पs 100% आ ऑस्ट्रेलिया पs 80% फाइन, गिल पs मैच फीस के 15 % जुर्माना। भारत पाकिस्तान वर्ल्ड कप मैच 15 अक्टूबर के अहमदाबाद में।
563480cookie-checkसांझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.