Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

देवरिया में 6200 करोड़ के परियोजनन के शिलान्यास, गडकरी बोललें- पीएम मोदी के नेतृत्व में बदल रहल बा देस के तस्वीर

गडकरी देवरिया के चीनी मिल ग्राउंड में 6200 करोड़ के चार परियोजनन के शिलान्यास आ देवरिया बाईपास के सुभारंभ करत जनसभा के संबोधित करत रहलें। केंद्रीय मंत्री गडकरी कहलें कि अटल जी के नेतृत्व में हमरा ब्राजील जाये के मवका मिलल रहे।

405

केंद्रीय सड़क परिवहन एवं राजमार्ग मंत्री नितिन गडकरी सोमार के कहलें कि प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के नेतृत्व में हिंदुस्तान के तस्वीर बदल रहल बा। गांव गरीब आ किसान के लगातार उत्थान हो रहल बा। आत्मनिर्भर भारत के संकल्पना पूरा हो रहल बा।

गडकरी देवरिया के चीनी मिल ग्राउंड में 6200 करोड़ के चार परियोजनन के शिलान्यास आ देवरिया बाईपास के सुभारंभ करत जनसभा के संबोधित करत रहलें। केंद्रीय मंत्री गडकरी कहलें कि अटल जी के नेतृत्व में हमरा ब्राजील जाये के मवका मिलल रहे। हम महसूस कइले रहनी कि किसानन के भविष्य बदले के बा तs गेहूं चावल, चना से ना होई बलूक किसानन के ऊर्जा दाता बनावे से होई।

केंद्रीय मंत्री कहलें कि पराली, बगास आ चावल से एथेनॉल बनाके किसान समृद्धशाली होई। ब्राजील में 42 रुपिया किलो चीनी बिकेला, ब्राजील के 32 रुपिया प्रति किलो के हिसाब से चीनी हमनी के बेचेनी सs।

केंद्रीय मंत्री नितिन गडकरी कहलें,

हम खुद तीन चीनी मिल चलावेनी, बाकिर ओकर मालिक 5-5 हजार किसान बा। शुगर से एथेनॉल बनावेनी जा।

…तs पेट्रोल 15 रुपिया प्रति लीटर बिकी

केंद्रीय मंत्री कहलें कि भारत में एतना जादे मात्रा में एथेनॉल बा कि हमनी के दुनिया के देसन के एक्सपोर्ट तक सकत बानी सs। ऊ कहलें कि हमनी के एथेनॉल बनावे के तरफ आगे बढ़े के होई। एथेनॉल 60 रुपिया प्रति लीटर बिक रहल बा, बाकिर पेट्रोल के दाम एसे कहीं जादे बा। जब देस में एथेनॉल के उत्पादन होई तs पेट्रोल 15 रुपिया प्रति लीटर बिकी। एहिसे हमार सपना बा कि पेट्रोल-डीजल के जगह एथेनॉल के उपयोग कइल जाव आ ओकर उत्पादन किसान करे, जवना से किसानन के घरन में हजारों करोड़ रुपिया जाई।

कचरा से हाइड्रोजन तइयार करे के होई 

केंद्रीय मंत्री कहलें कि उत्तर प्रदेश हाइड्रोजन बनावे वाला पहिला राज्य हs, जवना से आत्मनिर्भरता के ओर हमनी के बढ़ सकीं सs। एकरा खातिर मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ से गुजारिश करत बानी। ऊ कहलें कि कचरा से हाइड्रोजन तइयार करे के होई। बगास के अलावे सामुदायिक शौचालयन के गंदा पानी से हाइड्रोजन बनावल जा सकी। कहलें कि किसान जब ऊर्जादाता होई तब आत्मनिर्भर बनी। एसे विकास के तस्वीर बदली। बायो इंजन से चले वाला वाहनन के बनावे के होई।

नौकरी खातिर दिल्ली-मुंबई ना 

केंद्रीय मंत्री कहलें कि स्मार्ट सिटी बन रहल बा तs स्मार्ट विलेजो बने के चाहीं। गांव में स्वच्छ पानी स्वच्छ माहौल आ गांव में मल्टीप्लेक्स बनावल जाये। एसे आत्मनिर्भर भारत के सपना पूरा होई।गांव के गरीब किसान के संतुष्ट करे के होई। कहलें कि किसान के कर्ज मुक्त करे के बा। नौकरी खातिर दिल्ली-मुंबई ना बलुक देवरिया गोरखपुर में रोजगार देवे के होई। ऊ कहलें कि उत्तर प्रदेश में 8 ग्रीन कॉरिडोर के संगही 40 बाईपास बना रहले बानी सs जेसे विकास के रफ्तार बढ़ी।

मुख्यमंत्री योगी बधाई के पात्र 

केंद्रीय मंत्री कहलें कि मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ कानून बेवस्था के नाम पs रिकॉर्ड कायम कइले बाड़ें, गुंडा आ अत्याचारियन के सबक सिखवले बाड़े। एकरा संगही दलित, पीड़ित, शोषित आ भ्रष्टाचार से जनता के मुक्ति दिलावे के काम कइलें बाड़ें। एकरा खातिर मुख्यमंत्री बधाई के पात्र बाड़ें।

हवा आ पानी में चले वाली बस

ऊ कहलें कि हमनी के लोकतंत्र के मजबूती खातिर काम करेनी सs। राष्ट्र हमनी के माता हs। हमनी के दु-चार रही भा ना रही, तहार वैभव अमर रहे के संकल्पना के संगे काम करेनी सs। ऊ कहलें कि हवा आ पानी में चले वाली बस जल्दिये ले आ रहल बानी। जवन कहेनी ओकरा के डंका के चोट पs करेनी। ई सपना जल्दी पूरा होई।

563690cookie-checkदेवरिया में 6200 करोड़ के परियोजनन के शिलान्यास, गडकरी बोललें- पीएम मोदी के नेतृत्व में बदल रहल बा देस के तस्वीर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.