Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

WFI के चुनाव 4 जुलाई के होई: बृजभूषण के खिलाफ बयान देवे वाला रेफरी के हटावल गइल; विनेश बोललीं- PM के चुप्पी से दुखी बानी 

एगो समाचार एजेंसी के दिहल इंटरव्यू में विनेश कहली- हम प्रधानमंत्री के चुप्पी से दुखी बानी। जब पहलवान खेल मंत्री अनुराग ठाकुर से बात करत रहे लो तs ऊ फोन पs व्यस्त रहलें। उनका हमनी के परेसानियन के सुने में कवनो दिलचस्पी ना रहे। 

258

भारतीय कुश्ती संघ (WFI) के चुनाव 4 जुलाई के होई। फेडरेशन सोमार के एकर ऐलान कइलस। चुनाव खातिर। जम्मू-कश्मीर हाईकोर्ट के पूर्व चीफ जस्टिस महेश मित्तल कुमार के रिटर्निंग ऑफिसर नियुक्त कइल गइल बा।

पहलवानन से मीटिंग में खेल मंत्री 30 जून तक चुनाव करावे के भरोसा देले रहस। बृजभूषण शरण सिंह ई चुनाव ना लड़ सकिहें। ऊ लगातार तीन बेर अध्यक्ष रहलें, एहिसे फेडरेशन के नियमन के अनुसार ऊ कवनो पद खातिर चुनाव ना लड़ सकिहें।

1 कोच आ 2 रेफरी के हटावल गइल 

एशियन चैंपियनशिप से एगो कोच आ 2 रेफरी के हटावे के खबर बा। हटावल गइल रेफरियन में से एगो जगबीर सिंह बृजभूषण के खिलाफ बयान देले रहस। अंडर-23 आ अंडर-17 कैटेगरी में एशियन चैंपियनशिप के आयोजन 10 से 18 जून तक कजाकिस्तान में होखे के बा।

मीडिया रिपोर्ट्स के मोताबिक जगबीर सिंह के अलावे अंडर-17 टीम के कोच राजीव तोमर आ रेफरी वीरेंद्र मलिक के एशियन चैंपियनशिप में ना भेजे के फैसला कइल गइल बा।

जगबीर के बयान के सरकार के खिलाफ मानल गइल। एही तरे वीरेंद्र मलिक आ राजीव दुनो बृजभूषण के करीबी बा लो। एह कारण ओहू लोग के नाम हटावल गइल बा। वीरेंद्र के 2014 कॉमनवेल्थ गेम्स के दौरान ग्लासगो में यौन उत्पीड़न के आरोप में गिरफ्तार तक कइल गइल रहे।

इंटरनेशनल रेफरी जगबीर सिंह दिल्ली पुलिस के दिहल बयान में कहलें कि इवेंट में बृजभूषण पहलवानन के छूवत रहलें। महिला रेसलर असहज नजर आवत रहे लो। ऊ लोग बृजभूषण के धक्को देले रहे लो। दिया था। अइसन लागत बा कि ओह दिन कुछ तs गलत भइल।

टीम के लगे खाली एगो रेफरी

जानकारी के मोताबिक, अंडर-23 के इवेंट में भारत के खाली एगो रेफरी होई। ओहिजा अंडर-17 फ्रीस्टाइल कैटेगरी के पहलवान कोच के बिना उतरी लोग। जगबीर सिंह आ वीरेंद्र मलिक के 13 जून के रवाना होखे के रहे।

चैंपियनशिप खातिर रेसलिंग फेडरेशन के एडहॉक कमेटी सेलेक्शन ट्रायल आयोजित कइले रहे। एह बीच 14 जून के पहलवानन के सपोर्ट में खाप पंचायत हरियाणा बंद ले ऐलान कइले बा लो।

आंदोलन पs 15 के ऐलान करी लो पहलवान

बृजभूषण आ रेसलर्स विवाद में पहलवान विनेश फोगाट कहली कि हमनी के 15 जून के चार्जशीट आवे के इंतजार कर रहल बानी सs। एकरा बाद आंदोलन के लेके बड़ ऐलान करेम सs।

एगो समाचार एजेंसी के दिहल इंटरव्यू में विनेश कहली- हम प्रधानमंत्री के चुप्पी से दुखी बानी। जब पहलवान खेल मंत्री अनुराग ठाकुर से बात करत रहे लो तs ऊ फोन पs व्यस्त रहलें। उनका हमनी के परेसानियन के सुने में कवनो दिलचस्पी ना रहे।

खेल मंत्री अनुराग ठाकुर कुछ दिन पहिलही पहलवानन से बात कइले रहस। जेमे भरोसा दिहल गइल रहे कि 15 जून के केस के चार्जशीट पेश होई।

563440cookie-checkWFI के चुनाव 4 जुलाई के होई: बृजभूषण के खिलाफ बयान देवे वाला रेफरी के हटावल गइल; विनेश बोललीं- PM के चुप्पी से दुखी बानी 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.