[the_ad_group id="30365"]

सांझ के 10 बड़ खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  1. बिहार: भागलपुर में नाबालिग से रेप के पंचायत लगवलस कीमत; मुखिया-सरपंच कहल लो… बेटी के अबॉर्शन करवा दs; पीड़िता 6 महीना के प्रेगनेंट। शादी के झांसा देके कइल गइल रहे रेप।
  2. बिहार: कोचिंग जा रहल छात्रा के पीट-पीटके हत्या; वैशाली में 4 दिन पहिले बदमाश छेड़खानी कइले रहलें सs, शिकायत कइलस तs मार डलले सs। ब्रेन हेमरेज बनल मौत के वजह।
  3. उत्तर प्रदेश: यूपी में पांच साल के ट्रैफिक चालान निरस्त; 1 जनवरी 2017 से 31 दिसंबर 2021 तक के सब वाहनन पs आदेस लागू। न्यायालय में लंबित चालान के सूची ई चालान पोर्टल से हटावल जाई।
  4. उत्तर प्रदेश: योगा करत लईकन के ट्रक रउदलस, 3 के मौत; झांसी में ट्रक डिवाइडर के तुड़त सर्विस लेन पs आइल; 3 आउर लोगन के हालत गंभीर।
  5. झारखंड: झारखंड के धनबाद में कोयला खादान धंसल, 3 के मौत; कइयन लोगन के फंसल होखे के आशंका, रेस्क्यू ऑपरशन जारी; कोयला निकलला के दौरान हादसा। BCCL के झरिया इस्थित भौरा माइंस के हs घटना।
  6. मणिपुर में फेर हिंसा, 3 के मौत: भाजपा विधायक सोराईराम केबी के घर पs IED ब्लास्ट, इंटरनेट बैन पs फौरन सुनवाई से सुप्रीम कोर्ट के इनकार।
  7. धरना देवे वाली महिला रेसलर बृजभूषण के घरे पहुंचली: विनेश-बजरंग बोलल लो- पुलिस के संगे महिला पहलवान जांच खातिर गइल रहली, समझौता के बात गलत।
  8. भोजपुरी सिंगर बाबुल बिहारी उर्फ अभिषेक गुरुग्राम में नाबालिग से कइलस रेप: होटल में आपत्तिजनक फोटो खींच वायरल कइलस; पुलिस गिरफ्तार कs के भेजलस जेल।
  9. पाकिस्तान में पेश होई 4 लाख करोड़ के बजट: बदहाली के बावजूद सेना पs 52 हजार करोड़ के खर्च, ग्रोथ टारगेट भारत से आधा। IMF से बातचीत के बाद तइयार कइल गइल बजट।
  10. WTC फाइनल में शार्दुल के फिफ्टी: फॉलोऑन के खतरा टलल, रहाणे- ठाकुर करावल लो भारत के वापसी। भारत के कोसिस अब मैच ड्रॉ करावे के होई। आईसीसी क्रिकेट वर्ल्ड कप आ एशिया कप फ्री में देखाई डिजनी+हॉटस्टार, कंपनी जियो सिनेमा के राह पs।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]