[the_ad_group id="30365"]

Instagram Down: एक बेर फेरु डाउन भइल इंस्टाग्राम, एक महीना में दूसरका बार ठप पड़ल सेवा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मेटा के स्वामित्व वाला फोटो-वीडियो शेयरिंग ऐप इंस्टाग्राम के डाउन होखे के खबर बा। एकर पुष्टि डाउनडिटेक्टर भी कईले बिया जवन कि आउटेज के ट्रैक करे वाली साइट ह। रिपोर्ट के मुताबिक 56 प्रतिशत यूजर के इंस्टाग्राम ऐप से परेशानी होखता, जबकि 23 प्रतिशत यूजर के लॉग इन करे में परेशानी होखता। 21 प्रतिशत यूजर के सर्वर एरर के शिकायत बा। इंस्टाग्राम के अलावे बहुत फेसबुक यूजर भी ए आउटेज के शिकायत कईले बाड़े। फेसबुक यूजर के टाइमलाइन रिफ्रेश नईखे होत।

एक महीना के भीतर इंस्टाग्राम में इ दूसरा आउटेज बा। पिछला महीना के शुरुआत में भी 21 मई के इंस्टाग्राम कई घंटा तक ठप्प रहे। इंस्टाग्राम में एगो टेक्निकल बग के चलते अयीसन भईल। इंस्टाग्राम के एह बग के चलते पूरा दुनिया में 1,80,000 यूजर के खाता प्रभावित भईल।

Downdetector.com के रिपोर्ट में कहल गइल बा कि अमेरिका में महज एक लाख, कनाडा में 24 हजार आ ब्रिटेन में 56 हजार यूजर प्रभावित भइले।

 

 

 

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]