Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Instagram Down: एक बेर फेरु डाउन भइल इंस्टाग्राम, एक महीना में दूसरका बार ठप पड़ल सेवा

मेटा के स्वामित्व वाला फोटो-वीडियो शेयरिंग ऐप इंस्टाग्राम के डाउन होखे के खबर बा। एकर पुष्टि डाउनडिटेक्टर भी कइले बा जवन एह आउटेज के ट्रैक करे वाली साइट ह।

496

मेटा के स्वामित्व वाला फोटो-वीडियो शेयरिंग ऐप इंस्टाग्राम के डाउन होखे के खबर बा। एकर पुष्टि डाउनडिटेक्टर भी कईले बिया जवन कि आउटेज के ट्रैक करे वाली साइट ह। रिपोर्ट के मुताबिक 56 प्रतिशत यूजर के इंस्टाग्राम ऐप से परेशानी होखता, जबकि 23 प्रतिशत यूजर के लॉग इन करे में परेशानी होखता। 21 प्रतिशत यूजर के सर्वर एरर के शिकायत बा। इंस्टाग्राम के अलावे बहुत फेसबुक यूजर भी ए आउटेज के शिकायत कईले बाड़े। फेसबुक यूजर के टाइमलाइन रिफ्रेश नईखे होत।

एक महीना के भीतर इंस्टाग्राम में इ दूसरा आउटेज बा। पिछला महीना के शुरुआत में भी 21 मई के इंस्टाग्राम कई घंटा तक ठप्प रहे। इंस्टाग्राम में एगो टेक्निकल बग के चलते अयीसन भईल। इंस्टाग्राम के एह बग के चलते पूरा दुनिया में 1,80,000 यूजर के खाता प्रभावित भईल।

Downdetector.com के रिपोर्ट में कहल गइल बा कि अमेरिका में महज एक लाख, कनाडा में 24 हजार आ ब्रिटेन में 56 हजार यूजर प्रभावित भइले।

 

 

 

 

 

 

 

559620cookie-checkInstagram Down: एक बेर फेरु डाउन भइल इंस्टाग्राम, एक महीना में दूसरका बार ठप पड़ल सेवा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.