[the_ad_group id="30365"]

ओडिशा में जवना स्टेशन पs 288 यात्री लोग गंवावल जान, उहां ना रुकी कवनो ट्रेन; जानीं काहे लिहल गइल ई फैसला?

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Balosore Train Accident: बाहनगा रेल हादसा के जख्म अभी हरियर बा। बाहनगा स्टेशन पs 288 लोग ट्रेन हादसा में जान गंववले रहे। अब, फैसला लिहल गइल बा कि फिलहाल, इहां कवनो ट्रेन ना रुकी।

दक्षिण-पूर्व रेलवे के मुख्य जनसंपर्क अधिकारी (सीपीआरओ) सनीचर के बतवलें कि अगिला आदेस तक बाहानगा बाजार रेलवे स्टेशन पs कवनो ट्रेन ठहराव ना करी। ई फैसला दु एक्सप्रेस ट्रेनन आ एगो मालगाड़ी के दुर्घटनाग्रस्त होखे के मद्देनजर लिहल गइल बा।

जानकारी के मोताबिक, ट्रेन हादसा के बादे से सीबीआइ के टीम बालेश्वर में डेरा डाlलले बिया। संभावना जतावल जा रहल बा कि सीबीआइ टीम के हाथे कुछ अहम सुराग लाग सकत बा।

जांच एजेंसी बाहानगा बाजार रेल स्टेशन के लगातार दौरा कs रहल बिया। अइसन में सीबीआइ के जांच खतम होखे तक बाहानगा बाजार रेलवे स्टेशन पs कवनो ट्रेन के ठहराव पs प्रतिबंध लगा दिहल गइल बा।

दुर्घटनास्थल पs सीबीआइ कs रहल बिया जांच

सीबीआई के टीम रेल दुर्घाटना के जांच कर रहल बिया। सुक के सीबीआइ के दु सदस्यीय टीम दुर्घटनास्थल के निरीक्षण कइले  बिया। एकरा बाद अलग-अलग जगहन से कुछ महत्वपूर्ण सुराग इकट्ठा कइल गइल रहे।

सीबीआइ के टीम सनीचर अपराह्न में डेढ़ बजे दुर्घटनास्थल पs पहुंचल। एकरा बाद ई टीम उहां से पैनल कक्ष में गइल। इहवो अधिकारी लोग बहुते छानबीन कइल। जवना के बाद रिले रूम के जांच कइल गइल। दु घंटन बाद ई टीम वापस लवटल।

स्टेशन में लागल कंप्यूटर के हार्ड डिस्क जब्त

सीबीआइ स्टेशन में मवजूद अलग-अलग कम्प्यूटर के हार्ड डिस्को के जब्त कइले बिया। एकरा अलावे रिकॉर्ड कइल गइल कइयन गो महत्वपूर्ण दस्तावेज संग्रह कइलस।

रिले रूम, डाटा लॉकर सील

एकरा बाद जांच एजेंसी बाहानगा स्टेशन के अन्दर मवजूद प्राइवेट नंबर एक्सचेंज बुक के जांच कइलस। अंत में टीम रिले रूम, पैनल रूम आ डाटा लॉकर के सील कs देलस।

साभार: दैनिक जागरण

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]