[the_ad_group id="30365"]

सांझ के 10 बड़ खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  1. बिहार: मंत्रिमंडल विस्तार पs फैसला डिप्टी सीएम तेजस्वी लिहें: CM नीतीश कुमार कहलें- उनका से पूछ लीं, कांग्रेस पूछलस- नीतीश के कैबिनेट हs की तेजस्वी के हs?
  2. बिहार: बेगूसराय में हत्या के बाद थाना पs हमला: गाड़ियन के महिला लोग तुड़ल, बाजार में पुलिस के दउरा-दउरा के पिटल।
  3. उत्तर प्रदेश:पुलिस बाहुबली मुख्तार अंसारी के बहु के हिरासत में लेलस, चित्रकूट जेल में बंद माफिया मुख्तार अंसारी के बेटा अब्बास अंसारी से मिले पहुंचल पत्नी निखत के बिना एंट्री मुलाकात कइला के चलते हिरासत में लिहल गइल बा। एह ममिला में 7 लोगन पs दर्ज भइल बा FIR।
  4. उत्तर प्रदेश: GIS 2023; आगरा, अयोध्या आ वाराणसी सहित 30 प्रमुख शहरन में होटल खोली जापान के एचएमआई ग्रुप।
  5. झारखंड: गिरडीह के बिरनी स्कूल के प्रार्थना सभा में मूर्छित होके गिरला से छात्र के मौत, स्टूडेंट्स लोग बतावल शिक्षकन के लापरवाही। एक बेर गिरला के दोबारा खड़ा कs दिहल गइल रहे।
  6. जमीयत चीफ बोललें – भारत जेतना मोदी-भागवत के ओतने हमार: कहलें – हमरा सनातन से परेसानी नइखे, रउओ इस्लाम से शिकायत ना होखे के चाहीं।
  7. बेंगलुरु में अल कायदा के संदिग्ध आतंकी गिरफ्तार: ISIS में सामिल होखल चाहत रहे, गिरफ्तार आरिफ अफगानिस्तान -ईरान के रास्ते भागे के फिराक में रहे।
  8. पीएम बोललें- अब त्रिपुरा में डर ना, सुरक्षा के माहौल: लेफ्ट-कांग्रेस पs सधलें निशाना, कहलें – दुनो पार्टियन के कारण युवा अपना राज्य छोड़े के मजबूर भइल लो।
  9. बाइडेन के बाद पेंस के घरे मिलल सीक्रेट फाइल्स: ट्रंप के समय उप-राष्ट्रपति रहस, एक दिन पहिले कैपिटल हिल हिंसा पs समन मिलल रहे।
  10. भारत बनाम ऑस्ट्रेलिया: भारत आ ऑस्ट्रेलिया के बीच पहिला टेस्ट मात्र तीन में खतम, भारत पारी आ 132 रन से जीतल, दुसरका पारी में मात्र एक सेशन में ढ़ेर भइल आस्ट्रेलिया, अश्विन खोललें पंजा।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]