[the_ad_group id="30365"]

DGCA: डीजीसीए एयर एशिया पs लगवलस 20 लाख के जुर्माना, नियमन के पालन ना करे के आरोप

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

डीजीसीए एयर एशिया पs 20 लाख रुपिया के जुर्माना लगा देले बा। एयर एशिया पs ई जुर्माना डीजीसीए के नियमन के उल्लंघन के चलते लगावल गइल बा। दरअसल जांच के दौरान एयर एशिया के पायलट, पायलट प्रोफिशिएंसी चेक के दौरान नियमन के उल्लंघन के दोषी पावल गइल।

एकरा संगही डीजीसीए अपना जिम्मेदारी के ठीक से निर्वाह ना करे खातिर एयर एशिया के आठ जांचकर्ता लोगन पs 3-3 लाख रुपिया के जुर्माना लगावल गइल बा। बता दीं कि ई जांचकर्ता लोग डीजीसीए के सिविल एविएशन रिक्वायरमेंट नियमन के पालन करावे में असफल रहल रहे लोग।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]