IG Vikas Vaibhav: आइजी विकास वैभव कइलें एगो आउर ट्वीट, एमे बतवलें मूर्ख के पांच लक्षण

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 11, 2023

अग्निशमन एवं होमगार्ड सर्विसेज के डीजी शोभा ओहटकर पs गाली देवे के आरोप लगावे वाला ट्वीट कइला के बाद विवादन में आइल आइजी विकास वैभव सनीचर के एगो आउर ट्वीट कइलें। ऊ संस्कृत के एगो

Share

अग्निशमन एवं होमगार्ड सर्विसेज के डीजी शोभा ओहटकर पs गाली देवे के आरोप लगावे वाला ट्वीट कइला के बाद विवादन में आइल आइजी विकास वैभव सनीचर के एगो आउर ट्वीट कइलें। ऊ संस्कृत के एगो श्लोक पोस्ट करत ओकर हिंदी में अर्थ समझवलें।

विकास वैभव ट्वीट कइलें- ‘एगो मूर्ख के पांच लक्षण होला- घमंड, दुष्ट वार्तालाप, क्रोध, जिद्दी तर्क आ आउर लोगन खातिर सम्मान में कमी।’ उनका ऐहु पोस्ट के डीजी विवाद से जोड़के देखल जा रहल बा। मुख्यमंत्री नीतीश कुमार ट्वीट पs आपत्ति जतावत कहले रहस कि अफसरन के काम ट्वीट कइल ना हs। एह ममिला में जांच के आदेस दिहल गइल बा।

सोमार के दे सकत बाड़ें स्पष्टीकरण पs जवाब

आइजी विकास वैभव के विवादित ट्वीट ममिला में डीजी शोभा ओहटकर नोटिस दे चुकल बाड़ी। नव फरवरी के जारी नोटिस में उनका से 24 घंटा के अंदर जवाब मांगल गइल रहे। बाकिर छुट्टी पs होखे के कारण उनकर जवाब अभी नइखे मिल सकल।

विकास वैभव पहिलही स्वीकृत छुट्टी पs पारिवारिक समारोह में भाग लेवे खातिर सिलीगुड़ी गइल बाड़ें। एह कार्यक्रम के तस्वीर ऊ फेसबुक के संगे ट्विटर पs शेयर कइलें बाड़ें। ऊ अतवार तक पटना लवटिहें। अइसन में संभावना जतावल जा रहल बा कि आइजी सोमार के स्पष्टीकरण के जवाब दे सकत बाड़ें।

एकरा पहिले ट्वीट कइलें रहस- दुष्ट कबो मित्र नइखे बन सकत

एकरा पहिले आइजी विकास वैभव सुक के सबेर एगो ट्वीट कइलें रहस। संस्कृत में श्लोक लिखला के बाद ऊ ओकर अर्थ लिखलें- ”कबो-कबा सांपो मित्र बन सकत बा, बाकिर दुष्ट के कबो मित्र नइखे बनावल जा सकत। शेषनाग पs शयन करे वाला हरि के दुर्योधन मित्र ना बन सकल।” विकास वैभव हर दिन अपना ट्विटर हैंडल से संस्कृत के श्लोक के अर्थ बतावत ट्वीट करेलें।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.