Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सांझ के 10 बड़ खबर

474
  1. बिहार: कैमूर में नेहा सिंह राठौर के गाड़ी के ट्रक मरलस टक्कर; ट्वीट कs के लिखली- हम सुरक्षित बानी, गाड़ी डैमेज भइल बा; ट्रक मालिक कइलस अभद्रता।
  2. बिहार: छपरा में बवाल के बाद 10 फरवरी तक इंटरनेट बंद; पिटाई में घायल दूसरको युवक के भइल मौत, चार आरोपियन के घरे कुर्की।
  3. उत्तर प्रदेश: GIS2023 ग्लोबल इन्वेस्टर्स समिट… तीन दिन, 34 सत्र, यूपी के विकास पs मंथन, पीएम मोदी करिहें सुभारंभ।
  4. उत्तर प्रदेश: 2024 से पहिले फेर हो सकत बा भाजपा – सुभासपा गठबंधन, राजभर मिलवले भाजपाई सुर में सुर।
  5. झारखंड: झामुमो सुप्रीमो शिबू सोरेन के तबीयत बिगड़ल; रांची के मेदांता अस्पताल में भर्ती, वरिष्ठ डॉक्टरन के टीम जुटल। सूत्रन के मोताबिक सांस लेवे में बा तकलीफ। एमएम
  6. छत्तीसगढ़ में सड़क हादसा में 7 स्कूली लईकन के मौत: ट्रक लईकन के लेके जा रहल ऑटो के टक्कर मरलस; ड्राइवर आ 8 लईका रहले ऑटो में सवार।
  7. विपक्षी एकता पs मोदी के तंज -एक अकेला सब पs भारी: कहलें- नेहरू महान रहस तs परिवार के कवनो व्यक्ति उनकर सरनेम काहे ना राखेला।
  8. आंध्र प्रदेश में दम घुटला से 7 मजदूरन के मौत: तेल फैक्टरी में टैंकर के सफाई के दौरान हादसा, 10 दिन पहिले ज्वॉइन कइले रहे लो नौकरी।
  9. मॉस्को में पुतिन से मिललें डोभाल: NSA बोललें- लश्कर-जैश जइसन आतंकियन से मिलके निपटल जाव; भारत-रूस के रणनीतिक साझेदारी पs चरचा।
  10. भारत -ऑस्ट्रेलिया पहिला टेस्ट: पहिला पारी में 177 पs सिमटल आस्ट्रेलिया, जडेजा लेले 5 विकेट, जवाब में टीम इंडिया 77/1, कप्तान रोहित शर्मा अधर्शतक बना के नाबाद।
456210cookie-checkसांझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.