[the_ad_group id="30365"]

Yahoo Layoff: अब याहू में छंटनी के तैयारी, 20 फीसदी से बेसी कर्मचारियन के नौकरी से निकाली कंपनी!

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

याहू में काम करे वाला कर्मचारियन के बतावल गइल बा कि कंपनी के 12 फीसदी माने एक हजार कर्मचारियन के कंपनी से बाहर के रास्ता देखा दीही आ अगिला 6 महीनन में कंपनी बाकी आठ फीसदी यानी 600 लोगन के छंटनी कई दीही।

दुनिया में आइल मंदी के बीचे तमाम बड़की कम्पनी अपना कर्मचारियन के निकाल रहल बिया एकरा पहिले गूगल ,OYO आ amazon बहुत लोगन के निकाल देले रहे

याहू आईएनसी में छंटनी के तईयारी चल रहल बा। बतावाल जा रहल बा कि कंपनी 20 फीसदी से बेसी कर्मचारियन के नौकरी से निकाल सकत बिया। रिपोर्ट्स में  ई दावा कइल गइल  बा कि कंपनी अपना विज्ञापन तकनीक इकाई के एगो प्रमुख पुनर्गठन के हिस्सा के रूप में ई योजना बना रहल बिया। कंपनी एह इकाई से अपना कुल कार्यबल के 20% से अधिक कर्मचारियन के बहरी के रास्ता देखा सकत बिया। रिपोर्ट के मुताबिक, कटौती याहू के एड टेक कर्मचारियन में से करीब 50% से अधिक लोगन के प्रभावित करी। एह से 1,600 से बेसी लोगन पs असर परी ।

एह से पहिले बियफे के याहू में काम करे वाला कर्मचारियन के बतावल गइल बा कि कंपनी के 12 फीसदी माने एक हजार कर्मचारियन के कंपनी से बाहर के रास्ता देखा दीही आ आवे वाला अगिला 6 महीनन में कंपनी बाकी के आठ फीसदी माने 600 लोगन के छंटनी कई दिहल  जाई। एगो इंटरव्यू में याहू के सीईओ  कहले कि छंटनी के फैसला आर्थिक मुद्दन के परिणाम नइखे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]