[the_ad_group id="30365"]

Adani के खिलाफ हिंडनबर्ग रिपोर्ट के होई जांच! सुप्रीम कोर्ट सुक के करी सुनवाई, साजिश के लागल आरोप

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Spreme Court Hearing on Hindenburg: अदानी ग्रुप के लेके हिंडनबर्ग के रिपोर्ट के खिलाफ दु गो याचिकन पs सुप्रीम कोर्ट में सुक के सुनवाई होई। शीर्ष अदालत में डालल गइल जनहित याचिका में दावा कइल गइल बा कि हिंडनबर्ग रिपोर्ट एगो साजिश के तहत बनावल गइल रिपोर्ट बा। जवना से अडानी के शेयरन के शॉर्ट सेलिंग होखे। याचिका में कहल गइल बा कि एह साजिश के चलते निवेशकन के बड़ नुकसान भइल बा।

भारत के छवि धूमिल करे के कोसिस 

अधिवक्ता एमएल शर्मा आ विशाल तिवारी द्वारा दायर याचिका पs SC सुनवाई पs सहमति जतवले बा। याचिका में कहल गइल बा कि अमेरिकी कंपनी हिंडनबर्ग साजिश के तहत भारत के छवि धूमिल करे के कोसिस कइले बा। अधिवक्ता कहलें कि ई रिपोर्ट शेयर बाजार पs गलत असर डलले बा, जवना से लोगन के लाखन करोड़ रुपिया के नुकसान भइल बा।

समिति गठित कs के जांच के मांग

याचिका में सुप्रीम कोर्ट से हिंडनबर्ग रिसर्च रिपोर्ट के जांच खातिर एगो सेवानिवृत्त शीर्ष अदालत के न्यायाधीश के निगरानी में एगो समिति गठित करे खातिर केंद्र के निरदेस देवे के मांग कइल गइल बा। अधिवक्ता विशाल तिवारी बियफे के मुख्य न्यायाधीश डी वाई चंद्रचूड़ के अध्यक्षता वाली पीठ के सोझा ममिला के तत्काल सूचीबद्ध करे के उल्लेख कइल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]