[the_ad_group id="30365"]

साँझ के 10 बड़ खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  1. बिहार: मधुबनी के DPO मुज्जफरपुर से लापता… अनहोनी के डर में परिवार: अतवार के दुपहरिया घर से निकललें; पत्नी बोलली, कवनो विवाद नइखे, कुछ दिनन से गुमसुम रहस।
  2. बिहार: छपरा में मुखिया के घर फूंकल गइल, सोशल मीडिया पs सरकार लगवलस 8 तारीख तक बैन। हाथ-गोड़ बांधके पिटाई में जुवक के मौत के बाद बवाल, महापंचायत के बाद हमला।
  3. उत्तर प्रदेश: “का RSS प्रमुखो पs कुछ बोले के हिम्मत बा’ स्वामी प्रसाद मानस विवाद में भागवत के बयान के बनवलें आपन ढाल।
  4. उत्तर प्रदेश: ग्लोबल इन्वेस्टर्स समिट के चलते लखनऊ में पुलिसकर्मी लोगन के छुट्टी रद्द। विशेष परिस्थितियन में मिल सकेला छूट।
  5. झारखंड: धनबाद में कोयला के काला कारोबार पs वर्चस्व के लेके दु गुटन में फेर भइल फायरिंग, महीना भर के भीतर तीसरा बेर भइल भिडंत। फायरिंग में घायल व्यक्ति के हालत अभी गंभीर बनल बा।
  6. 7.8 तीव्रता के भूकंप, 4 देसन में तबाही; 1600 मौत: तुर्किये में सबसे बेसी 1014 लोग मारल गइल, सीरिया में 585: भारत भेजी मदद।
  7. राहुल बोललें- संसद में अडाणी पs चरचा से सरकार डेराइल: लोकसभा- राज्यसभा बिहान तक स्थगित; अडाणी एंटरप्राइजेज के शेयर 13 दिन में करीब 55% गिरल।
  8. एशिया के सबसे बड़ हेलिकॉप्टर फैक्टरी के उद्घाटन: PM मोदी बोललें -HAL के लेके सरकार पs विपक्ष झूठ आरोप लगवलस, ई फैक्टरी ओकर जवाब।
  9. सुप्रीम कोर्ट के मिलल 5 नया जज: CJI चंद्रचूड़ दियवलें शपथ; 4 फरवरी के केंद्र अपॉइंटमेंट के मंजूरी देले रहे।
  10. कप्तान रोहित के सबसे बड़ टेस्ट: भारत आ WTC फाइनल के बीच में खड़ा बा ऑस्ट्रेलिया; शर्मा के कप्तानी अनुभव टेस्ट में बा कम, रोहित के कप्तानी में भारत 2 मैच खेलले बा, दुनो में मिलल बा जीत।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]