[the_ad_group id="30365"]

सारण हिंसा के बाद सरकार के बड़ कार्रवाई…जिला में 8 फरवरी तक सारा सोशल साइट्स के कइल गइल बंद

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सारण हिंसा के बाद सरकार हरकत में आइल बिया। राज्य सरकार सारण जिला में सोशल मीडिया के बंद करे के आदेस जारी कइले बिया। सारण जिला में 6 तारीख से लेके 8 तारीख के रात 11:00 बजे तक फेसबुक, टि्वटर, व्हाट्सएप समेत आउर सोशल साइट्स के बंद कs दिहल गइल बा। एह संबंध में गृह विभाग आदेस जारी कइलें बा।

सोशल साइट्स के कइल गइल बंद

सरकार के आदेश में कहल गइल बा कि सारण जिला प्रशासन आ पुलिस प्रशासन के तरफ से इनपुट्स मिलल बा, जेमे कहल गइल बा कि सोशल साइट्स पs एंटी सोशल एलिमेंट्स सक्रिय बा। सोशल मी़डिया पs दुष्प्रचार आ अफवाह फइलावल जा रहल बा। ऐसे सामाजिक सद्भावना बिगड़ला के खतरा बा। गृह विभाग के अपर मुख्य सचिव चैतन्य प्रसाद के आदेस से फेसबुक, टि्वटर, व्हाट्सएप, गूगल, स्काइप समेत कुल 13 सोशल साइट्स के बंद कइल गइल बा। आदेस के उल्लंघन पs सरकार कार्रवाई के चेतावनी दिहल गइल बा।

बता दीं, सारण के मांझी थाना क्षेत्र के मुबारकपुर गांव में हिंसक घटना भइल बा। जेमे तीन युवकन के पिटाई कइल गइल बा, जेमे एक के मौत हो गइल बा। एकरा बाद उग्र ग्रामीण लोग अतवार के जमके हंगामा आ आगजनी कइल लोग। घटना के बाद इलाका में बहुते तनाव व्याप्त बा। एने सोशल मीडिया पs तरे-तरे के अफवाह फइलावल जात रहे। लिहाजा सरकार सोशल साईट्स के बंद कs देले बिया।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]