[the_ad_group id="30365"]

Lata Mangeshkar: सैंड आर्टिस्ट स्वर कोकिला के दिहले श्रद्धांजलि, समुद्र किनारे रेत पs बनवले तस्वीर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अपना आवाज से लोगन के  दिलन  पs  राज करे वाली स्वर कोकिला लता मंगेशकर के आजु पहिला पुण्यतिथि हs । पिछला साल 6 फरवरी के उ एह  दुनिया के  अलविदा कह देले रहली , बाकिर आजो उ अपना  चाहे  वालन के दिलन में बाड़ी आवे वाला कई बरिसन तक ले रहिहें । लगा मंगेशकर के पहिला पुण्यतिथि के मवके पs सैंड आर्टिस्ट सुदर्शन पटनायक ओडिशा के पुरी समुद्र तट पर उनका याद में एगो  खूबसूरत अंदाज में ट्रिब्यूट देले बाड़े  ।

पुरी के समुद्र तट पs लता मंगेशकर के रेत से बनावल  गईल इ मूर्ति करीब 6 फीट ऊंचा बिया। एकरा साथ म्यूजिक इंस्ट्रयूमेंटो बनल बा आ एकरा पs  लिखाइल  बा , भारत रत्न लता जी के श्रद्धांजलि, “मेरी आवाज ही पहचान है”। ओहिजे , एकरा  में बहुते कम रंगन के इस्तेमाल कइल गईल बा । लता मंगेशकर के  दिहल  गईल  एह  ट्रिब्यूट के  फैंस लोग भी काफी पसंद कर रहल बाड़े  आ  स्वर कोकिला के आपन  श्रद्धांजलि दे रहल बाड़ें ।

रवा सभे के बता दिहीं कि पिछिला साल लता मंगेशकर कोरोना से लड़्त लड़त आपन अंतिम सांस 6 फ़रवरी के लेले रहली |उ आपन अंतिम सांस मुम्बई के कैंडी अस्पताल में एह बेमारी से जुझत लिहली  |आप सब के इ बाति के पता होइबे करी कि  लता मंगेशकर के बरिस  2001 में भारत के सर्वोच्च नागरिक सम्मान भारत रत्न से सम्मानित कइल गईल रहे । एकरा  अलावा उनका के  पद्म भूषण, पद्म विभूषण आ  फिल्दाम इंडस्दाट्री के सबसे नामी  दादा साहेब फाल्के अवॉर्ड से भी नवाजल जा चुकल बा ।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]