Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सांझ के 10 बड़ खबर

741
  1. बिहार: उपेंद्र कुशवाहा के बड़ चैलेंज: बोललें- हम कवनो गाजर-मुरई ना, जे केहू उखाड़ दी, दुसर MLC रामेश्वर महतो अशोक चौधरी पs निकलले भड़ास।
  2. बिहार: पटना में BTSC अभ्यर्थियन पs लाठीचार्ज: 4 साल से पेंडिंग बा रिजल्ट, JDU-RJD-BJP ऑफिस के बाहर जमके के नारेबाजी।
  3. उत्तर प्रदेश: गोरखनाथ मंदिर पs हमला करे वाला अहमद मुर्तजा के फांसी के सजा, स्पेशल कोर्ट सुनवलस फैसला।
  4. उत्तर प्रदेश: सपा राष्ट्रीय महासचिव बनला के बाद शिवपाल यादव बोललें- सरकार बनावल बा मिशन।
  5. झारखंड: कोयला के काला कारोबार पs वर्चस्व के लेके भइल फायरिंग से फेर थर्राइल धनबाद, चार के हालत गंभीर।
  6. पाकिस्तान के मस्जिद में फियादिन हमला, 32 पुलिसकर्मियन के मौत: करीब 550 नमाजियन के बीच बइठल हमलावर खुद के उड़वलस, 147 घायल।
  7. BBC डॉक्यूमेंट्री बैन पs SC में सुनवाई 6 फरवरी के: याचिकाकर्ता कहलें- बैन के फैसला मनमाना; रिजिजू बोललें- याचिका से समय बर्बाद होई।
  8. जयराम रमेश बोललें- चीन पs सरकार के DDLJ पॉलिसी: कहलें- फिल्म के केंद्र सरकार वाला वर्जन में विदेश मंत्री लीड रोल निभा रहल बाड़े।
  9. श्रीनगर हाईवे पs पहाड़न से बरिसल पत्थर: उत्तराखंड के चमोली में एवलांच, दिल्ली में शीतलहर, राजस्थान में ओला से फसल बर्बाद।
  10. मुरली विजय इंटरनेशनल क्रिकेट से सन्यास लेलें: BCCI आ CSK के कहलें धन्यवाद; इंग्लैंड आ ऑस्ट्रेलिया में जड़लें रहस शतक।
446510cookie-checkसांझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.