Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Odisha: मंत्री नब दास हत्या ममिला में नया खुलासा, गोली चलावे वाला ASI रहे मानसिक बीमार; पत्नी के दावा

आरोपी पुलिसकर्मी के पत्नी जयंती कहली कि उनका गोपाल दास आ मंत्री के बीच कवनो तरे के निजी दुश्मनी के जानकारी नइखे। गोपाल दवाई लेत रहे आ बिल्कुल सामान्य दिखाई देत रहे।

714

ओडिशा के स्वास्थ्य मंत्री नब दास पs गोली चलावे वाला आरोपी सहायक उप-निरीक्षक गोपाल दास गंभीर मानसिक बीमारी से पीड़ित रहे। ई दावा एएसआई गोपाल दास के पत्नी जयंती कइली। जयंती के कहनाम बा कि गोपाल दास बीतल सात से आठ बरिस से मानसिक रोग के इलाज करावत रहे।

पत्नी जयंती कहली कि उनका गोपाल दास आ मंत्री के बीच कवनो तरे के निजी दुश्मनी के जानकारी नइखे। गोपाल दवाई लेत रहे आ बिल्कुल सामान्य दिखाई देत रहे, ऊ घटना से पहिले अतवार के अपना बेटी से वीडियो कॉल पs बातो कइले रहे। पत्नी आगे कहली, हमरा नइखे पता कि उहां का भइल। हमरा कइसे पता होई? हम घर पs रहनी। हम सबेरे से उनका से बात तक नइखी कइले। ऊ आगे कहली, ऊ मानसिक बेमारी से पीड़ित बाड़े आ पिछले सात-आठ बरिस से उनकर इलाज चल रहल बा। दवा लेला के बाद ऊ सामान्य व्यवहार करेले।

बाईपोलर डिस्ऑर्डर से पीड़ित रहे गोपालदास 

एमकेसीजी मेडिकल कॉलेज एंड हॉस्पिटल के मनोरोग विभाग के प्रमुख डॉ. चंद्रशेखर त्रिपाठी बतवलें, दास पहिला बेर आठ से दस साल पहिले हमरा क्लीनिक पs आइल रहस। उनका बहुत जल्दी गुस्सा आ जात रहे आ एकर इलाज चलत रहे। ऊ कहलें हमरा नइखे पता कि ऊ नियमित रूप से दवाई लेत रहलें कि ना।

मंत्री के हो गइल रहे मौत

बता दीं, ओडिशा के स्वास्थ्य मंत्री नब दास के अतवार के गोली मारके हत्या कs दिहल गइल। एगो कार्यक्रम के दौरान उनका सुरक्षा में तैनात एएसआई अपना लाइसेंसी रिवॉल्वर से नब दास पs चार से पांच राउंड फायरिंग कइले रहे। गोली उनका के बहुत करीब से मारल गइल, जवना के बाद नब दास के स्थानीय अस्पताल ले जाइल गइल। हालांकि, प्राथिमिक उपचार के बाद उनका के भुवनेश्वर एयरलिफ्ट कइल गइल, बाकिर सांझ के नब दास के मौत हो गइल। ओने, गोली चलावे वाला एएसआई के स्थानीय लोग दबोच लिहल आ पुलिस के हवाले कs दिहल।

446350cookie-checkOdisha: मंत्री नब दास हत्या ममिला में नया खुलासा, गोली चलावे वाला ASI रहे मानसिक बीमार; पत्नी के दावा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.