Gorakhpur News: दु दिवसीय दौरा पs आज गोरखपुर अइहें मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ, जानीं पूरा शेड्यूल

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 31, 2023

दु दिवसीय दौरा पs मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ मंगर के गोरखपुर अइहें। उनका इहां दुपहरिया बाद पहुंचला के उम्मीद बा। मंदिर में रात्रि विश्राम के बाद अगिला दिन बुध के सबेरे मुख्यमंत्री जनता दरबार में फरियादियन

Share

दु दिवसीय दौरा पs मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ मंगर के गोरखपुर अइहें। उनका इहां दुपहरिया बाद पहुंचला के उम्मीद बा। मंदिर में रात्रि विश्राम के बाद अगिला दिन बुध के सबेरे मुख्यमंत्री जनता दरबार में फरियादियन के समस्या सुन सकत बाड़ें।

एकरा अलावे मुख्यमंत्री जीडीए कॉलोनियन में डोर-टू-डोर कूड़ा कलेक्शन में इस्तेमाल होखे वाला वाहनन के मंदिर से हरियर झंडी दिखा सकत बाड़ें। नेपाल के कालीगंडकी नदी से मंगर के गोरखनाथ मंदिर पहुंचचे वाला शालीग्राम के दु शिलन के बुध के पूजा के बाद अयोध्या रवाना करिहें।

मुख्यमंत्री एनेक्सी भवन सभागार में निवेशकन के संगे बैठक कर सकत बाड़ें। संगही भटहट में इस्थित आयुष विश्वविद्यालय के ओपीडी के लोकार्पण करिहें। सांझ के मुख्यमंत्री के सिद्धार्थनगर में चल रहल महोत्सव में सामिल होखे खातिर जा सकत बाड़ें।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.