[the_ad_group id="30365"]

सांझ के 10 बड़ खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  1. बिहार: भाजपा के नीतीश के दु टुक- अब गठबंधन ना; बीजेपी प्रभारी विनोद तावड़े बोललें- अइसन केहू सगा ना जेकरा के नीतीश ठगलें ना। बीजेपी के निशाना पs सीएम नीतीश कुमार।
  2. बिहार: बहन से छेड़खानी के विरोध कइला पs भाई के बान्ह के पीटल गइल; बांका में सांसद प्रतिनिधि आ सांसद प्रतिनिधि आ सरपंच के बेटा पs आरोप; 6 के खिलाफ केस दर्ज।
  3. उत्तर प्रदेश: आखिरकार चाचा भतीजा में मिट गइल दूरी, शिवपाल यादव के पार्टी में मिलल बड़ जिम्मेदारी। अखिलेश चाचा शिवपाल यादव के बनवलें राष्ट्रीय महासचिव।
  4. उत्तर प्रदेश: गोरखपुर के सहजनवा में रोड ऐक्सिडेंट में बाल-बाल बचलें कारागार मंत्री सुरेश राही, लखनऊ हाइवें पs काफिला में चल रहल गाड़ी में भिड़ल ट्रैक्टर-ट्रॉली।
  5. झारखंड: धनबाद में झामुमो नेता लोलिन बास्की के कार्यकर्ता लोग बंधक बनावल, माफी मंगलें, पुलिस छोड़वलस। उनका व्यवहार से क्षुब्ध रहे लो कार्यकर्ता।
  6. उड़ीसा के स्वास्थ मंत्री के पुलिस अफसर गोली मरलस: हालत गंभीर; एयरलिफ्ट कs के भुवनेश्वर ले आवल गइल, CM पटनायक मिले पहुंचले। गंभीर बतावाल जा रहल बा स्वास्थ मंत्री नब किशोर दास के हालत।
  7. भारत जोड़ो यात्रा एक दिन पहिले खतम: राहुल श्रीनगर के लाल चौक में तिरंगा फहरवलें, बिहान कांग्रेस दफ्तर में होखें वाला कार्यक्रम रद्द।
  8. केरल गवर्नर आरिफ मोहम्मद बोललें- हमरो के हिंदू कहल जाव: कहलें- भारत में जनमल हर शख्स हिंदू, अंगेज लोग हमनी के धर्म के आधार पs बंटलें रहे।
  9. 2025 में हो सकत बा चीन-अमेरिका युद्ध: US एयरफोर्स जनरल जतवलें आशंका, कहलें- 2024 में होखे वाला चुनाव चीन के उकसा सकत बा।
  10. हॉकी विश्व कप के फाइनल आज: खिताब बचावे उतरल बेल्जियम; तीसरा बेर चैंपियन बन सकत बा जर्मनी।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]