Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Odisha: ओडिशा के स्वास्थ्य मंत्री के निधन, सुरक्षा में तैनात ASI मरले रहे गोली; PM मोदी जतवलें दुख

मुख्यमंत्री नवीन पटनायक मंत्री नाबा दास के दुर्भाग्यपूर्ण निधन पs शोक व्यक्त कइलें बाड़ें। ओडिशा CMO के ओर से जारी बयान में कहल गइल कि ऊ सरकार आ पार्टी दुनो खातिर एगो संपत्ति रहस। उनकर निधन ओडिशा राज्य के खातिर एगो बड़ क्षति बा।

519

ओडिशा के स्वास्थ्य मंत्री नब दास के निधन हो गइल बा। अतवार के दुपहरिया में उनका पs जानलेवा हमला कइल गइल रहे। ब्रजराजनगर के गांधी चौक में एगो कार्यक्रम के दौरान उनका पs फायरिंग कइल गइल रहे। एकरा बाद नब दास के गंभीर हालत में अस्पताल में भर्ती करावल गइल रहे। नब दास के सीना पs गोली लागल रहे।

अस्पताल एगो बयान में कहलस कि जख्मन के उपचार कइल गइल आ हृदय के गति में सुधार खातिर कदम उठावल गइल। गहन चिकित्सा इकाई (आईसीयू) में उनकर उपचार कइल गइल, बाकिर तमाम प्रयासन के बादो उनका के बचावल ना जा सकल आ ऊ दम तुड़ देलें।

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी ओडिशा के स्वास्थ्य मंत्री के निधन पs शोक व्यक्त कइलें। मुख्यमंत्री नवीन पटनायक मंत्री नब किशोर दास के दुर्भाग्यपूर्ण निधन पs दुख जतवलें। ओडिशा CMO के ओर से जारी बयान में कहल गइल कि ऊ सरकार आ पार्टी दुनो खातिर एगो संपत्ति रहस। उनकर निधन ओडिशा राज्य खातिर एगो बड़ क्षति बा।

एकरा पहिले ब्रजराजनगर के एसडीपीओ गुप्तेश्वर भोई बतवलें रहस कि सहायक पुलिस उपनिरीक्षक (एएसआई) गोपाल दास मंत्री पs गोली चलवले रहस। घटना में मंत्री घायल भइल रहस। उनका के अस्पताल ले जाइल गइल। स्थानीय लोग आरोपी एएसआई के पकड़ लिहल आ ओकरा के पुलिस के हवाले कs दिहल। एएसआई मंत्री पs गोली काहे चलवलस, एकर पता लगावे खातिर जांच सुरू कइल गइल बा।

एसडीपीओ के मोताबिक, घटना ब्रजराजनगर शहर में अपराह्न करीब एक बजे के आसपास ओह समय भइल, जब दास एगो बैठक में सामिल होखे खातिर जात रहलें। मंत्री के पहिले झारसुगुड़ा जिला मुख्यालय अस्पताल ले जाइल गइल रहे, बाकिर बाद में बेहतर इलाज खातिर उनका के हवाई मार्ग से भुवनेश्वर के अस्पताल पहुंचावे के व्यवस्था कइल गइल। दास पs हमला के बाद शहर में तनाव व्याप्त हो गइल। मंत्री के समर्थक लोग उनका सुरक्षा में चूक पs सवाल उठावल।

कुछ समर्थक लोग आरोप लगावल कि दास के निशाना बनावे खातिर साजिश रचल गइल रहे। एसडीपीओ बतवलें कि आरोपी एएसआई के गिरफ्तार कs लिहल गइल बा। ओकरा से पूछताछ जारी बा। घटना के गहन जांच के बादे आउर जानकारी सामने आ पाई।

भुवनेश्वर एयरलिफ्ट कइल गइल रहे

नब दास के स्थानीय अस्पताल में भर्ती करावल गइल, जहां उनकर हालत लगातार गंभीर बनल रहे। एह बीच मंत्री नब दास के भुवनेश्वर एयरलिफ्ट कइल गइल रहे। स्वास्थ्य मंत्री पs हमला के जानकारी मुख्यमंत्री नवीन पटनायक के दे दिहल गइल। ऊ दास से मिले भुवनेश्वर के अपोलो अस्पताल पहुंच गइले। नब दास बीजद के एगो वरिष्ठ नेता रहस। हाले में शनि मंदिर में 1.7 किलोग्राम के सोन के कलश चढ़वला के बाद ऊ चरचा में आइल रहस।

क्राइम ब्रांच करी घटना के जांच 

हमला के बाद ओडिशा के मुख्यमंत्री नवीन पटनायक के बयान सामने आइल रहे। ऊ कहलें कि हम एह हमला के दुर्भाग्यपूर्ण घटना से स्तब्ध बानी। हम एकर कड़ा निंदा करत बानी। ऊ कहलें कि क्राइम ब्रांच के घटना के जांच करे के निरदेस दिहल गइल बा। क्राइम ब्रांच के वरिष्ठ अधिकारियन के मवका पs जाये खातिर कहल गइल।

आरोपी ASI के पत्नी के बयान

रिपोर्ट्स के मानल जाव तs ओडिशा के स्वास्थ्य मंत्री पs ASI गोपाल दास ताबड़तोड़ पांच राउंड फायरिंग कइलस। घटना के बाद आरोपी ASI पत्नी के बयानो सामने आइल। ऊ बतवली कि वारदात से पहिले गोपाल बेटी से वीडियो कॉल पs बात कइले रहे। ऊ बतवली कि हमरा नइखे पता कि का भइल। हमरा एह घटना के बारे में समाचार के माध्यम से पता चलल। सबेरे से हमार गोपाल से बातो नइखे भइल। ऊ आखिरी बेर पांच महीना पहिले घरे आइल रहस।

साभार: अमर उजाला

446210cookie-checkOdisha: ओडिशा के स्वास्थ्य मंत्री के निधन, सुरक्षा में तैनात ASI मरले रहे गोली; PM मोदी जतवलें दुख

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.