[the_ad_group id="30365"]

PM Modi: प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी NCC PM Rally में भइलें सामिल, कइलें गार्ड ऑफ ऑनर के निरीक्षण

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी आज नेशनल कैडेट कोर (NCC) के कार्यक्रम में सामिल भइलें। पीएम मोदी खुद NCC के कैडेट रह चुकल बाड़ें। प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी करियप्पा परेड ग्राउंड में वार्षिक NCC पीएम रैली केे संबोधितो कइलें। पीएम मोदी कहलें, जवना देस के युवा उत्साह आ जोश से भरल होेखे, ओह देस के प्राथमिकता हमेशा नवहा होई लोग। आज के भारत अपना सब युवा साथियन के ऊ मंच देवे के प्रयास कर रहल बा जवन राउर सपना के पूरा कs सके। एह दौरान रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह साथे रहलें।

एनसीसी कैडेटन पs बा गर्व: पीएम मोदी

दिल्ली के करियप्पा ग्राउंड में राष्ट्रीय कैडेट कोर (एनसीसी) के रैली में पीएम नरेन्द्र मोदी गार्ड ऑफ ऑनर के निरीक्षन कइलें।

एह दौरान पीएम मोदी कहलें, जे पिछला 75 बरिसन में एनसीसी के प्रतिनिधित्व कइले बा, ऊ एकर हिस्सा रहल बा, हम राष्ट्र निर्माण में ओह लोगन के योगदान के सराहना करत बानी। भारत के एनसीसी कैडेटन के दृढ़ संकल्प आ सेवा के भावना पs गर्व बा। पीएम मोदी कहलें, भारत के युवा लोगन खातिर ई नया अवसरन के समय बा। हर केहू भारत के बात कर रहल बा, कह रहल बा ‘भारत के समय आ गइल बा’। एकर श्रेय भारत के युवा लोगन के दिहल जा सकत बा।

बता दीं कि एह साल एनसीसी अपना स्थापना के 75वां बरिस मना रहल बा। एह आयोजन के दौरान, प्रधानमंत्री एनसीसी के 75 सफल बाlरिसन के उपलक्ष्य में एगो विशेष डे कवर आ 75 रुपिया मूल्यवर्ग के विशेष रूप से ढालल गइल एगो स्मारक सिक्कन के जारियो कइलें।

एह रैली में ‘एक भारत श्रेष्ठ भारत’ विषय पs एगो सांस्कृतिक कार्यक्रम के सामिल कइल गइल। वसुधैव कुटुम्बकम के सच्ची भारतीय भावना में, 19 विदेशी देसन के 196 अधिकारियन आ कैडेटन के समारोह में भाग लेवे खातिर आमंत्रित कइल गइल रहे।

साभार: दैनिक जागरण

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]