Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

साँझ के 10 बड़ खबर

274
  1. बिहार: नीतीश कुमार अफसरन के लगवलें क्लास, बोललें- दिल्ली के चक्कर में मत रहs लोग, प्रत्यय अमृत काहे चुप बाड़े?? चीफ सेक्रेटरी से कहलें- हमरा गइला के बाद भाग मत जइहs।
  2. बिहार: पटना में विमान से टकराइल पक्षी… 150 पैसेंजर्स सवार रहलें: बैंगलुरू से आ रहल फ्लाइट के राइट विंग से टकराइल पक्षी; बड़ हादसा टलल।
  3. उत्तर प्रदेश: जेल में विधायक इरफान से मिललें सपा विधायक अभिताभ बाजपेई, बोललें- उनकर तबीयत बहुते खराब, ठंडा लाग गइल बा।
  4. उत्तर प्रदेश: प्रयागराज में चेकिंग कर रहल ARTO भूपेश कुमार के कार कुचललस, पकड़ल गइला पs बोलल- मंदिर जाये के हड़बड़ी में भइल गलती।
  5. झारखंड: निलंबित आईएएस पूजा सिंघल के मिलल जमानत; बेटी के बेमारी के ग्राउंड पs सुप्रीम कोर्ट में देले रहली अर्जी, दिल्ली-NCR में रहे के होई।
  6. दिल्ली एक्सीडेंट पीड़िता के पीड़िता से रेप ना: शरीर में कइयन गो जगहन घाव, माथा पs गंभीर चोट; सहेली के बयान- कार सवारन के गलती रहे।
  7. सिनेमा हॉल में बिकत रही महंगा पॉपकॉर्न-समोसा: SC कहलस -थियेटर के नियम- शर्तन के तय करे के अधिकार, ग्राहक चाहे तs ना किने।
  8. उत्तर भारत में शीत लहर के अलर्ट, स्कूलन में छुट्टी: हिमाचल में बर्फबारी से सड़क बंद, मध्य प्रदेश में बरखा आ ओला गिरला के आसार।
  9. हनीट्रैप कारावेला पाकिस्तान के फौज: पूर्व अफसर के आरोप- जनरल बाजवा आ ISI चीफ सामिल, 4 बड़ एक्ट्रेस के संगे नेता लोगन के वीडियो।
  10. भारत-श्रीलंका पहिला टी-20: श्रीलंका टॉस जीतलस, भारत के पहिले बैटिंग; मावी-गिल डेब्यू करी लोग।
430120cookie-checkसाँझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.